विकिपीडिया:प्रयोगकर्ता पन्ना: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Reverted edits by विनायक नाथ तिवारी (talk) to last revision by SM7
अंजन जी
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
लाइन 1:
{{nutshell|title=ई निर्देश|<p>प्रयोगकर्ता पन्ना आपस में परिचित होखे खातिर आ सहजोग बढ़ावे खातिर ब--------------------गीत-------------------
{{nutshell|title=ई निर्देश|<p>प्रयोगकर्ता पन्ना आपस में परिचित होखे खातिर आ सहजोग बढ़ावे खातिर बा। आपन प्रयोगकर्ता पन्ना के रूप-रंग आ डिजाइन तय करे खातिर इहाँ खास छूट दिहल जाला बाकी ई हमेसा धियान रहे के चाहीं कि ई विकिपीडिया समाज के हिस्सा हवे आ ई कौनों [[विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे?#वेबहोस्ट|पर्सनल वेबसाइट,ब्लॉग, या सोशल नेटवर्किंग के साइट ना हवे]] इहाँ एगो छोट परिचय दिहल जा सकेला आ अइसन बात लिखल ज सकेला जौना से आपस में समझ आ सहजोग बढ़ावे में मदद मिले। विकिपीडिया से जवन चीज सम्बंधित नइखे ऊ इहाँ लिखल मना बाटे।</p>}}
राधामोहन चौबे "अंजन जी" के लिखल
 
चिन्ता के अगनी तहरा के लेस-लेस खा जइहें
ए मैना तू आसरा छोड , तोता फेरु ना अइहें।
काहें आंख मिलवलू कइलू फुदुक-फुदुक के खेला
पतइन के कोरा में सटि के खूब लगवलू मेला
ना जनलू की पतझड़ आई, पात-पात झर जइहें
ए मैना तू आसरा छोड़ , तोता फेरु ना अइहें ।
ढेर बहाना कइलू जग से, कनखी से बतिअवलू
देश-काल मौसम सगरो के ठुकरवलू लतिअवलू
पछतइला में का बाटे अब बीतल दिन लवटइहें
ए मैना तू आसरा छोड़ , तोता फेरु ना अइहें
फगुनी हवा चइता के पुरवा बरखा परल फकारी
जड़वा के साथे-साथे रस लुटलू पांखि पसारी
भरल उमरिया के सब साथी ढलती के अपनइहें
ए मैना तू आसरा छोड़ , तोता फेरु ना अइहें
आपन जिंनगी अपने काट ना केहू दुख बांटी
इ दुनिया ह सुख के साथी दुख के देहियां माटी
सुख में जे-जे चहकल साथे असमय देख परइहें
ए मैना तू आसरा छोड़ , तोता फेरु ना अइहें
लागल पल भर पलक सुगनवा अचके में आ गइले
अइसन उमगल प्राण दुनू के साथे में उड़ गइले
मिलल नयन तब प्राण जुड़ाइल अंजन नसन जुड़इहें
ए मैना तू आसरा छोड़ , तोता फेरु ना अइहें