कर्क रेखा: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
सुधार
छो + कड़ी
लाइन 1:
[[File:World map with tropic of cancer.svg|thumb|right|300px|विश्व की नक्शा पर कर्क रेखा]]
[[File:Earth-lighting-summer-solstice EN.png|thumb|right|300px|[[उत्तरी संक्रांति]] की समय क इस्थिति जब सूर्य क किरण कर्क रेखा पर सीधा पड़त बा]]
'''कर्क रेखा''' एगो कल्पित रेखा ह जेवन [[पृथ्वी]] के अइसन जगह सभ से गुजरे ले जे सभसे उत्तरी जगह बाने जहाँ [[सुरुज]] के किरण सीधा पड़ सके ला। अइसन वर्तमान समय में [[21 जून]] के होला जब सूर्य सबसे उत्तर ले पहुँच के सीधा चमकेला, एह दिन के उत्तरी संक्रांति कहल जाला। अइसन पृथ्वी की एकरी काल्पनिक धुरी की झुकाव की वजह से होला आ 21 जून के पृथ्वी क उत्तरी हिस्सा ठीक सुरुज की ओर झुकल रहेला जेवना से सुरुज से आवे वाला किरन पृथ्वी पर सभसे उत्तर की ओर ले चढ़ जाले।
 
वर्तमान समय में कर्क रेखा क इस्थिति आमतौर पर 23.5 डिग्री उत्तरी [[अक्षांश]] बतावल जाला हालाँकि ई हमेशा एकही ना रहेला। इतिहास में ए में थोड़ा बहुत परिवर्तन भी भइल बा जेवन चक्रीय होला, मने कबो घट जाला आ फिर ठीक ओतने समय में बढ़ जाला। ई परिवार्तन पृथिवी की झुकाव की मात्रा में बदलाव की वजह से होला।