अंग्रेजी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो कड़ी सुधार
इतिहास खंड जोड़ल गइल
लाइन 3:
 
[[भाषा बिज्ञान]] के बँटवारा के हिसाब से अंगरेजी एगो [[पच्छिमी जर्मनिक भाषा]] हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से [[संपर्क भाषा]] ([[लिंग्वा फ़्रैंका]]) बन चुकल बा।{{sfn|Crystal|2003a|p=6}}{{sfn|Wardhaugh|2010|p=55}} प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के ''एंगल्स'' नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव [[बाल्टिक सागर]] में मौजूद ''एंग्लिया'' या ''एंग्लेन'' नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर [[फ्रांसीसी भाषा|फ्रांसीसी]] आ [[लैटिन भाषा]], के परभाव बहुत ढेर पड़ल।<ref name="Wolff">{{cite book |last=Finkenstaedt |first=Thomas |author2=Dieter Wolff |title=Ordered profusion; studies in dictionaries and the English lexicon |publisher=C. Winter |year=1973 |isbn=3-533-02253-6}}</ref>
 
==इतिहास==
===प्रोटो-जर्मनिक भा पुरनकी अंगरेजी===
अंगरेजी भाषा के सुरुआती रूप के पुरनकी अंगरेजी ''(ओल्ड इंग्लिश)'' या एंग्लो-सैक्सन (c. 550–1066 CE) कहल जाला। पुरनकी अंगरेजी के बिकास नार्थ सागर के आसपास के जर्मनिक बोली सभ से भइल जे फ्रायसिया, लोवर सैक्सनी, जटलैंड आ दक्खिनी स्वीडन में बोलल जाँय। एह बोली सभ के बोले वाला लोग के एंगेल्स, सैक्सन आ जट लोग कहल जाला। पाँचवीं सदी में ईहे ऐंग्लो-सैक्सन लोग उत्तर से आ के ब्रिटेन में बसे सुरू कइल आ ब्रिटेन से रोमन लोग के लखेदे सुरू कइल। सातवीं सदी के अंत ले रोमन लोग ब्रिटेन से बहरिया गइल आ जर्मनिक मूल के ऐंग्लो-सैक्सन भाषा ब्रिटेन के रोमानी भाषा सभ (43–409 CE) क जगह ले लिहलस। एह रोमनी भाषा सभ में: आम ब्रितानी, एगो सेल्टिक आ लैटिन भाषा रहे जे सीजर द्वारा ब्रिटेन पर कब्ज़ा के समय के बाद इहाँ स्थापित भइल रहे। इंग्लैंड आ इंग्लिश (मूल रूप से ''Ænglaland'' आ ''Ænglisc'') एही एंगल्स लोग के नाँव पर पड़ल हवे।
 
===मध्यकालीन अंगरेजी===
आठवीं से बारहवी सदी के बीच, पुरनकी अंगरेजी धीरे-धीरे क्रमिक रूप से कई भाषा सभ के संपर्क के कारण मध्यकालीन अंगरेजी ''(मिडिल इंग्लिश)'' के रूप लिहलस। एगो अट्रेंडम तरीका से मिडिल इंग्लिश के सुरुआत के विलियम (दि कॉन्करर) के इंगलैंड बिजय 1066 से भी जोड़ल जाला हालाँकि, एकर बिकास 1200–1450 के बीच ले के समय तक ले होखत रहल।
 
बारहवीं सदी तक पहुँचत-पहुँचत मिडिल इंग्लिश के पूरा बिकास हो गइल। एह में नॉर्स आ नॉरमन बिसेसता आ लच्छन सभ के समन्वय हो गइल आ इहे भाषा सुरुआती मॉडर्न अंग्रेजी (1500) के बिकसित होखे से ठीक पहिले तक ले बोलल लिखल गइल। एह जमाना के साहित्यिक रचना में ज्यॉफ्री चौसर के ''दि कैंटरबरी टेल्स'' आ मैलरी के ''ले मोर्टे डि 'आर्थर'' के नाँव गिनावल जाला। एह दौर में क्षेत्रीय बोली सभ के साहित्य में प्रयोग में बढ़ती भइल आ ई चौसर नियर लोग द्वारा खास परभाव पैदा करे खातिर इस्तेमाल कइल गइलीं।
 
===सुरुआती आधुनिक अंगरेजी===
अंगरेजी भाषा के इतिहास में अगिला दौर के सुरुआती मॉडर्न इंग्लिश (1500–1700) के दौर कहल जाला। एह काल में जवन भाषा बिकसित भइल ओह में शामिल होखे वाला नया लच्छन रहलें: ब्यापक स्वर घसकाव (ग्रेट वॉवेल शिफ्ट) (1300-1700), इन्फ्लेक्शन के सहज होखल, आ भाषाबैज्ञानिक मानकीकरण (स्टैंडराइजेशन)।
 
{{clear}}