अंग्रेजी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
लाइन 37:
जवना देस सभ में अंग्रेजी बोलल जाला उनहन के अलगा-अलगा समूह में बाँट के भी देखल जा सकत बा। आमतौर पर ई तीन गो सर्किल के रूप में बाँटल जाला: "अंदरूनी सर्किल" में{{sfn|Svartvik|Leech|2006|p=2}} अइसन देस आवे लें जहाँ के मूलभाषा अंगरेजी हवे या फिर जहाँ के भाषा अंग्रेजी के ऊँच साहित्यिक स्टैंडर्ड आ एकरे चालढाल के तय करे ला। अंग्रेजी कौनों एगो देस के भाषा ना बा, न इ खाली अइसने देस सभ के भाषा बा जहाँ अंगरेज लोग जा के बस गइल। कई अइसन देस भी बाने जहाँ कुछे अंगरेज लोग जाके बसल बाकिर ई भासा उहाँ के राष्ट्रभाषा बाटे। एकरे अलावा ई अंतरराष्ट्रीय लेवल पर आपसी संबाद आ संपर्क के भाषा में भी बिकसित हो चुकल बा आ भूगोल के कौनों भी हिस्सा में जहाँ दू लोग एक दुसरा के भाषा न बूझत होखे, एकर इस्तेमाल क सके ला।
 
=== अंगरेजी के तीन गो हल्का ===
ऊपर बतावले गइल बा कि अंगरेजी बोले वाला बिस्व के तीन को सर्किल भा हल्का में बाँटल जाला।{{sfn|Svartvik|Leech|2006|p=2}} तीन हल्का वाला एह मॉडल में "अंदरूनी हल्का" (इनर सर्किल), में अइसन देस आवे लें जहाँ के बिसाल लोकल समुदाय मूल भाषा भा महतारी भासा के रूप में बोले सीखे ला, "बाहरी हल्का" (आउटर सर्किल) में मूलभासा के रूप में अंगरेजी जाने बोले वाला लोग के संख्या कम बा बाकी दुसरी भासा के रूप में एकर ब्यापक चलन बा आ पढ़ाई-लिखाई आ मीडिया प्रसारण सभ में अंगरेजी के बहुतायत से इस्तमाल हो रहल बा आ सरकारी कामकाज में भी एकर भरपूर इस्तमाल हो रहल बा, अंत में "बिस्तारवान हल्का" (एक्सपैंडिंग सर्किल) बा जहाँ के लोग बिदेसी भाषा के रूप में अंगरेजी सीखे-पढ़े ला। अंगरेजी भासा के भूगोलीय बिस्तार के ई मॉडल भारतीय भाषाबिग्यानी [[ब्रज काचरू]] के दिहल गइल हवे आ ई अंगरेज लोग आ अंगरेजी के इतिहासी बिस्तार के आधार पर बनावल गइल हवे।{{sfn|Kachru|2006|p=196}}
 
[[File:Kachru's three circles of English.jpg|thumb|alt=ब्रज काचरू द्वारा दिहल अंगरेजी के तीन सर्किल|ब्रज काचरू के दिहल अंग्रेजी के तीन सर्किल मॉडल।]]
अइसन देस जहाँ अंगरेजी के मूलभासाभासी (नेटिव स्पीकर) लोग बहुतायत में बा, अंदरूनी हल्क़ा के रूप में चिन्हित कइल गइल बा आ एह में [[अमेरिका]], [[यूनाइटेड किंगडम]], [[आस्ट्रेलिया]], [[कनाडा]], [[आयरलैंड]] आ न्यूजीलैंड के सामिल कइल गइल बा जबकि उल्लेखनीय संख्या में बोले वाला लोग के आबादी होखे के कारन दक्खिन अफिरका के भी एही सर्किल में गिनल जाला। मूलभासा के रूप में अंगरेजी बोले वाला लोग के आबादी के हिसाब से सजावल जाय तब सभसे ऊपर [[यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका]] (कमसेकम 231 मिलियन या 23.1 करोड़),{{sfn|Ryan|2013|loc=Table 1}} आ एकरे बाद घटत क्रम से [[यूनाइटेड किंगडम]] (60 मिलियन भा 6 करोड़),{{sfn|Office for National Statistics|2013|loc=Key Points}}{{sfn|National Records of Scotland|2013}}{{sfn|Northern Ireland Statistics and Research Agency|2012|loc=Table KS207NI: Main Language}} कनाडा (19 मिलियन या 1.9 करोड़),{{sfn|Statistics Canada|2014}} [[आस्ट्रेलिया]] (कम से कम 17 मिलियन),{{sfn|Australian Bureau of Statistics|2013}} दक्खिन अफिरका (4.8 मिलियन या 48 लाख),{{sfn|Statistics South Africa|2012|loc=Table 2.5 Population by first language spoken and province (number)}} [[आयरलैंड रिपब्लिक|आयरलैंड]] (42 लाख), आ न्यूजीलैंड (37 लाख){{sfn|Statistics New Zealand|2014}} के नाँव गिनावल जा सके ला। एह देस के बच्चा अपना माई-बाबू से अंगरेजी सीखे लें आ लोकल लोग जिनहन लोग के आपन भाषा कवनों दूसर बा या बाहर से आ के बसे वाला लोग (इमिग्रेंट) एह माहौल में आ कामकाज के जगह पर बातचीत करे खातिर अंगरेजी सीखे ला।{{sfn|Bao|2006|p=377}} ई अंदरूनी हल्क़ा एगो अइसन आधार भा बेस देला जहाँ से बाहर के ओर अंगरेजी के बिस्तार होला।{{sfn|Kachru|2006|p=196}}
 
{{clear}}