महाभारत: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
दोबारा लिखल गइल
बिस्तार
लाइन 11:
 
श्रीमद्भगवद्गीता, नल-दमयंती के कथा आ ऋष्यशृंग के कथा नियर कई चीज जे एही महाकाब्य के हिस्सा हईं, अपना में खुद स्वतंत्र रचना के लेखा भी परतिष्ठा पवले बाड़ी सऽ। महाभारत में पुरुषार्थ चतुष्टय के बरनन भी बा आ एह महाकाब्य में रामायण के संछिप्त रूप भी समाइल बा।
 
परंपरा अनुसार, महाभारत के रचयिता [[व्यास मुनि]] के मानल जाला। हालाँकि, एकरे मूल रूप आ आकार के बारे में बहुत खोजबीन करे के कोसिस बिद्वान आ रिसर्च करे वाला लोग द्वारा कइल गइल बा। एकर सभसे पुरान, अबहिन ले बचल संस्करण सभ 400&nbsp;ईपू से पुरान ना मानल जालें, हालाँकि मूल रचना के आठवीं-नउवीं सदी ईसापूर्व के मानल जाला।<ref name=Brockington>Brockington (1998, p. 26)</ref> अइसन मानल जाला कि ई ग्रंथ अपना वर्तमान बिसाल रूप में [[गुप्त साम्राज्य|गुप्त काल]] (चउथी सदी इसवी) में पहुँचल<ref>Van Buitenen; ''The Mahabharata'' – 1; The Book of the Beginning. Introduction (Authorship and Date)</ref> महाभारत शब्द के अरथ बतावल जाला - "भारत कुल के लोग के कथा"; इहो बतावल जाला कि एकर पुरान संस्करण 24,000 श्लोक वाला रहे जेकरा के खाली "भारत" कहल जाय।<ref>''bhārata'' means the progeny of ''Bharata'', the legendary king who is claimed to have founded the Bhāratavarsha kingdom.</ref>