महाभारत: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर
Content deleted Content added
बिस्तार |
बिस्तार |
||
लाइन 14:
परंपरा अनुसार, महाभारत के रचयिता [[व्यास मुनि]] के मानल जाला। हालाँकि, एकरे मूल रूप आ आकार के बारे में बहुत खोजबीन करे के कोसिस बिद्वान आ रिसर्च करे वाला लोग द्वारा कइल गइल बा। एकर सभसे पुरान, अबहिन ले बचल संस्करण सभ 400 ईपू से पुरान ना मानल जालें, हालाँकि मूल रचना के आठवीं-नउवीं सदी ईसापूर्व के मानल जाला।<ref name=Brockington>Brockington (1998, p. 26)</ref> अइसन मानल जाला कि ई ग्रंथ अपना वर्तमान बिसाल रूप में [[गुप्त साम्राज्य|गुप्त काल]] (चउथी सदी इसवी) में पहुँचल<ref>Van Buitenen; ''The Mahabharata'' – 1; The Book of the Beginning. Introduction (Authorship and Date)</ref> महाभारत शब्द के अरथ बतावल जाला - "भारत कुल के लोग के कथा"; इहो बतावल जाला कि एकर पुरान संस्करण 24,000 श्लोक वाला रहे जेकरा के खाली "भारत" कहल जाय।<ref>''bhārata'' means the progeny of ''Bharata'', the legendary king who is claimed to have founded the Bhāratavarsha kingdom.</ref>
महाभारत दुनिया के सभसे बड़हन महाकाब्य हवे आ एकरा के "अब तक ले लिखल गइल सभसे लमहर कबिता (काब्य)" के रूप में बतावल गइल बा।<ref name="Lochtefeld2002">{{cite book|author=James G. Lochtefeld|title=The Illustrated Encyclopedia of Hinduism: A-M|url=https://books.google.com/books?id=5kl0DYIjUPgC&pg=PA399|year=2002|publisher=The Rosen Publishing Group|isbn=978-0-8239-3179-8|page=399}}</ref><ref name="SharmaGaur2000">{{cite book|author1=T. R. S. Sharma|author2=June Gaur|author3=Sahitya Akademi (New Delhi, Inde).|title=Ancient Indian Literature: An Anthology|url=https://books.google.com/books?id=IRp1PKX0BXoC&pg=PA137|year=2000|publisher=Sahitya Akademi|isbn=978-81-260-0794-3|page=137}}</ref> एकरा सभसे लमहर वर्शन में 1,00,000 लाख श्लोक, मने की 2,00,000 लाइन (श्लोक दू लाइन के छंद हवे) बाटे, आ बिचा-बिचा में लमहर गद्य भी मिलेला। कुल लगभग 18 करोड़ शब्द संख्या वाला ई महाकाब्य, इलियड आ ओडिसी दुन्नों के मिला दिहल जाय तबो एकरे लगभग दस गुना होखी; संस्कृते के दुसरका प्रतिष्ठित महाकाब्य रामायण के तुलना में ई लगभग चारि गुना बड़ बा।<ref>Spodek, Howard. Richard Mason. The World's History. Pearson Education: 2006, New Jersey. 224, 0-13-177318-6</ref><ref>Amartya Sen, ''The Argumentative Indian. Writings on Indian Culture, History and Identity'', London: Penguin Books, 2005.</ref> डब्लू जे जॉनसन एह महाकाब्य के दुनिया के सगरी सभ्यता सभ के ग्रंथ सभ से तुलना करे में महत्त्व के मामिला में बाइबिल, शेक्सपियर के रचना-संसार, होमर के रचना, यूनानी ड्रामा, भा कुरआन के बराबर मनले बाने।<ref>{{cite book | author=W. J. Johnson | title=The Sauptikaparvan of the Mahabharata: The Massacre at Night | page=ix | url=https://books.google.com/books?id=d8sYSPhSBEAC&lpg=PP1&pg=PR9#v=onepage | publisher=Oxford University Press | year=1998 | isbn=978-0-19-282361-8}}</ref>
{{clear}}
|