अंग्रेजी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो clean up, replaced: अंग्रेजी → अंगरेजी (8) using AWB
लाइन 1:
[[File:EN English Language Symbol ISO 639-1 IETF Language Tag Icon.svg|thumb|upright|EN ([[ISO 639]]-1)]]
'''अंगरेजी''', भा '''अंग्रेजी भाषा''' भाषा (English language) मूल रूप से [[इंग्लैंड]] क [[भाषा]] हवे जेवन अब हर ओ देश में बोलल जात बा जहाँ जहाँ अंग्रेज लोग राज कइलें। आज [[अमेरिका]], [[ऑस्ट्रेलिया|आस्ट्रेलिया]] आ [[न्यूज़ीलैंड]] जइसन देशन में ई मुख्य भाषा बा आ भारतीय क्षेत्र में भी ए भाषा क प्रचलन बहुत बा। भारत के [[मिजोरम]] नीयन कुछ राज्यन में ई सरकारी भाषा हवे।
 
[[भाषा बिज्ञान]] के बँटवारा के हिसाब से अंगरेजी एगो [[पच्छिमी जर्मनिक भाषा]] हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से [[संपर्क भाषा]] ([[लिंग्वा फ़्रैंका]]) बन चुकल बा।{{sfn|Crystal|2003a|p=6}}{{sfn|Wardhaugh|2010|p=55}} प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के ''एंगल्स'' नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव [[बाल्टिक सागर]] में मौजूद ''एंग्लिया'' या ''एंग्लेन'' नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर [[फ्रांसीसी भाषा|फ्रांसीसी]] आ [[लैटिन भाषा]], के परभाव बहुत ढेर पड़ल।<ref name="Wolff">{{cite book |last=Finkenstaedt |first=Thomas |author2=Dieter Wolff |title=Ordered profusion; studies in dictionaries and the English lexicon |publisher=C. Winter |year=1973 |isbn=3-533-02253-6}}</ref>
लाइन 11:
आठवीं से बारहवी सदी के बीच, पुरनकी अंगरेजी धीरे-धीरे क्रमिक रूप से कई भाषा सभ के संपर्क के कारण मध्यकालीन अंगरेजी ''(मिडिल इंग्लिश)'' के रूप लिहलस। एगो अट्रेंडम तरीका से मिडिल इंग्लिश के सुरुआत के विलियम (दि कॉन्करर) के इंगलैंड बिजय 1066 से भी जोड़ल जाला हालाँकि, एकर बिकास 1200–1450 के बीच ले के समय तक ले होखत रहल।
 
बारहवीं सदी तक पहुँचत-पहुँचत मिडिल इंग्लिश के पूरा बिकास हो गइल। एह में नॉर्स आ नॉरमन बिसेसता आ लच्छन सभ के समन्वय हो गइल आ इहे भाषा सुरुआती मॉडर्न अंग्रेजीअंगरेजी (1500) के बिकसित होखे से ठीक पहिले तक ले बोलल लिखल गइल। एह जमाना के साहित्यिक रचना में ज्यॉफ्री चौसर के ''दि कैंटरबरी टेल्स'' आ मैलरी के ''ले मोर्टे डि 'आर्थर'' के नाँव गिनावल जाला। एह दौर में क्षेत्रीय बोली सभ के साहित्य में प्रयोग में बढ़ती भइल आ ई चौसर नियर लोग द्वारा खास परभाव पैदा करे खातिर इस्तेमाल कइल गइलीं।
 
===सुरुआती आधुनिक अंगरेजी===
लाइन 18:
== भूगोलीय बिस्तार ==
{{anchor|भूगोलीय बिस्तार}}
[[File:Map of English native speakers.png|upright=1.16|thumb|मूलभाषा के रूप में अंग्रेजीअंगरेजी बोले वाला लोग के प्रतिशत]]
[[File:Percentage of English speakers by country as of 2014.png|upright=1.16|thumb|देस अनुसार अंगरेजी बोले वाला लोग के प्रतिशत
{| border="0" cellspacing="0" cellpadding="0" style="width:100%; background:none;"
लाइन 33:
|}]]
 
साल 2016 तक ले दुनिया में कुल 400 मिलियन (40 करोड़) लोग मूलभाषा के रूप में अंगरेजी बोले वाला रहल, मने कि एह लोग के पहिली भाषा अंगरेजी हवे; लगभग 1.1 बिलियन लोग एकरा के दुसरी भाषा के रूप में बोले वाला रहल।<ref>{{cite web|title=Which countries are best at English as a second language?|url=https://www.weforum.org/agenda/2016/11/which-countries-are-best-at-english-as-a-second-language-4d24c8c8-6cf6-4067-a753-4c82b4bc865b|website=World Economic Forum|accessdate=29 नवंबर 2016}}</ref> अनुमान इहे बा कि अंग्रेजीअंगरेजी साइद दुनिया के तिसरी सभसे ढेर बोलल जाए वाली भाषा बा जेकरा से आगे दू गो भाषा बाड़ी सऽ, दुनिया के सभसे ढेर लोग द्वारा बोलल जाये वाली मैंडारिन, आ दुसरा नमर पर सभसे ढेर बोलल जाए वाली स्पेनिश भाषा।{{sfn|Ethnologue|2010}} हालाँकि, मूलभाषा आ गैर-मूलभाषा के रूप में बोले वाला लोग के जोड़ दिहल जाय तब जरूर हो सकेला कि ई दुनिया के सभसे बड़ भाषा होखे, निर्भर एह बात पर बा कि अइसन अनुमान कवना परिभाषा के आधार पर लागावल जा रहल बा।{{sfn|McCrum|MacNeil|Cran|2003|pp=9–10}}{{sfn|Crystal|2003a|p=69}}<ref>{{Cite news|url=https://www.ethnologue.com/language/eng|title=English|newspaper=Ethnologue|access-date=2016-10-29}}</ref><ref>{{Cite news|url=https://www.ethnologue.com/language/cmn |title=Chinese, Mandarin |newspaper=Ethnologue |access-date=2016-10-29 |deadurl=yes |archiveurl=https://web.archive.org/web/20160926043620/http://www.ethnologue.com/language/CMN |archivedate=26 September 2016 |df= }}</ref> अंगरेजी बोले वाला लोगन के समुदाय हर महादीप, दीप आ समुंद्री इलाका में जरूर मिल जाई।{{sfn|Crystal|2003b|p=106}}
 
जवना देस सभ में अंग्रेजीअंगरेजी बोलल जाला उनहन के अलगा-अलगा समूह में बाँट के भी देखल जा सकत बा। आमतौर पर ई तीन गो सर्किल के रूप में बाँटल जाला: "अंदरूनी सर्किल" में{{sfn|Svartvik|Leech|2006|p=2}} अइसन देस आवे लें जहाँ के मूलभाषा अंगरेजी हवे या फिर जहाँ के भाषा अंग्रेजीअंगरेजी के ऊँच साहित्यिक स्टैंडर्ड आ एकरे चालढाल के तय करे ला। अंग्रेजीअंगरेजी कौनों एगो देस के भाषा ना बा, न इ खाली अइसने देस सभ के भाषा बा जहाँ अंगरेज लोग जा के बस गइल। कई अइसन देस भी बाने जहाँ कुछे अंगरेज लोग जाके बसल बाकिर ई भासा उहाँ के राष्ट्रभाषा बाटे। एकरे अलावा ई अंतरराष्ट्रीय लेवल पर आपसी संबाद आ संपर्क के भाषा में भी बिकसित हो चुकल बा आ भूगोल के कौनों भी हिस्सा में जहाँ दू लोग एक दुसरा के भाषा न बूझत होखे, एकर इस्तेमाल क सके ला।
 
=== अंगरेजी के तीन गो हल्का ===
ऊपर बतावले गइल बा कि अंगरेजी बोले वाला बिस्व के तीन को सर्किल भा हल्का में बाँटल जाला।{{sfn|Svartvik|Leech|2006|p=2}} तीन हल्का वाला एह मॉडल में "अंदरूनी हल्का" (इनर सर्किल), में अइसन देस आवे लें जहाँ के बिसाल लोकल समुदाय मूल भाषा भा महतारी भासा के रूप में बोले सीखे ला, "बाहरी हल्का" (आउटर सर्किल) में मूलभासा के रूप में अंगरेजी जाने बोले वाला लोग के संख्या कम बा बाकी दुसरी भासा के रूप में एकर ब्यापक चलन बा आ पढ़ाई-लिखाई आ मीडिया प्रसारण सभ में अंगरेजी के बहुतायत से इस्तमाल हो रहल बा आ सरकारी कामकाज में भी एकर भरपूर इस्तमाल हो रहल बा, अंत में "बिस्तारवान हल्का" (एक्सपैंडिंग सर्किल) बा जहाँ के लोग बिदेसी भाषा के रूप में अंगरेजी सीखे-पढ़े ला। अंगरेजी भासा के भूगोलीय बिस्तार के ई मॉडल भारतीय भाषाबिग्यानी [[ब्रज काचरू]] के दिहल गइल हवे आ ई अंगरेज लोग आ अंगरेजी के इतिहासी बिस्तार के आधार पर बनावल गइल हवे।{{sfn|Kachru|2006|p=196}}
 
[[File:Kachru's three circles of English.jpg|thumb|alt=ब्रज काचरू द्वारा दिहल अंगरेजी के तीन सर्किल|ब्रज काचरू के दिहल अंग्रेजीअंगरेजी के तीन सर्किल मॉडल।]]
अइसन देस जहाँ अंगरेजी के मूलभासाभासी (नेटिव स्पीकर) लोग बहुतायत में बा, अंदरूनी हल्क़ा के रूप में चिन्हित कइल गइल बा आ एह में [[अमेरिका]], [[यूनाइटेड किंगडम]], [[आस्ट्रेलिया]], [[कनाडा]], [[आयरलैंड]] आ न्यूजीलैंड के सामिल कइल गइल बा जबकि उल्लेखनीय संख्या में बोले वाला लोग के आबादी होखे के कारन दक्खिन अफिरका के भी एही सर्किल में गिनल जाला। मूलभासा के रूप में अंगरेजी बोले वाला लोग के आबादी के हिसाब से सजावल जाय तब सभसे ऊपर [[यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका]] (कमसेकम 231 मिलियन या 23.1 करोड़),{{sfn|Ryan|2013|loc=Table 1}} आ एकरे बाद घटत क्रम से [[यूनाइटेड किंगडम]] (60 मिलियन भा 6 करोड़),{{sfn|Office for National Statistics|2013|loc=Key Points}}{{sfn|National Records of Scotland|2013}}{{sfn|Northern Ireland Statistics and Research Agency|2012|loc=Table KS207NI: Main Language}} कनाडा (19 मिलियन या 1.9 करोड़),{{sfn|Statistics Canada|2014}} [[आस्ट्रेलिया]] (कम से कम 17 मिलियन),{{sfn|Australian Bureau of Statistics|2013}} दक्खिन अफिरका (4.8 मिलियन या 48 लाख),{{sfn|Statistics South Africa|2012|loc=Table 2.5 Population by first language spoken and province (number)}} [[आयरलैंड रिपब्लिक|आयरलैंड]] (42 लाख), आ न्यूजीलैंड (37 लाख){{sfn|Statistics New Zealand|2014}} के नाँव गिनावल जा सके ला। एह देस के बच्चा अपना माई-बाबू से अंगरेजी सीखे लें आ लोकल लोग जिनहन लोग के आपन भाषा कवनों दूसर बा या बाहर से आ के बसे वाला लोग (इमिग्रेंट) एह माहौल में आ कामकाज के जगह पर बातचीत करे खातिर अंगरेजी सीखे ला।{{sfn|Bao|2006|p=377}} ई अंदरूनी हल्क़ा एगो अइसन आधार भा बेस देला जहाँ से बाहर के ओर अंगरेजी के बिस्तार होला।{{sfn|Kachru|2006|p=196}}