जमीन: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
+ cat
बिस्तार
लाइन 1:
[[File:AYool topography 15min.png|thumb|right|300px|दुनिया की नक्शा पर जमीनी हिस्सा, हरियर आ पीयर रंग में]]
[[File:Knight's Point, West Coast.jpg|thumb|right|300px|समुन्द्र से ऊपर निकलल जमीन]]
'''जमीन''' या '''स्थल''' (हिंदी) <small>''(अंगरेजी: Land, sometimes referred to as '''dry land''')''</small> [[पृथ्वी]] के ऊ हिस्सा हवे जेवन [[समुन्द्र]] से ऊपर बाटे आ कौनों पानी की भण्डार से तोपाइल नइखे।<ref>Michael Allaby, Chris Park, ''A Dictionary of Environment and Conservation'' (2013), page 239, ISBN 0199641668.</ref> पृथ्वी की एही हिस्सा पर ज्यादातर मानवीय कामकाज होला आ प्राकृतिक संसाधन आ खेती इत्यादि के मौजूदगी बाटे। जमीन पर वर्तमान समय में पावल जाये वाली ज्यादातर बनस्पति आ जिया-जंतु सभ के पूर्वजन के उत्पत्ति समुंदरी या पानी में पैदा भइल बनस्पति आ जीव सभ से भइल हवे।
 
जमीन के सीमा एकरे लगे पावल जाये वाला पानी के भंडार से बने ला। जहाँ [[समुंद्र]] आ जमीन मिले ले ओकरा के किनारा भा समुंद्री किनारा (अंगरेजी में ''कोस्ट'') कहल जाला। किनारा के परिभाषा प्राकृतिक भी हो सके ला आ लोकल प्रशासनिक परिभाषा अलग-अलग जगह पर कुछ बदलाव लिहले भी हो सके ला। सूखल आ कड़ेर चट्टान वाला जमीन के किनारा के परिभाषा आ सीमांकन आसान होला जबकि दलदली इलाका सभ में ई बतावल मुस्किल हो जाला कि कहाँ जमीन खतम होत बा आ कहाँ से समुंद्र सुरू हो रहल बा। ज्वार-भाटा आ मौसमी दसा में बदलाव के कारन ई समस्या अउरी जटिल हो जाला।
 
[[भौतिक भूगोल]] में पृथ्वी के जमीनी हिस्सा के अध्ययन [[थलमंडल]] के रूप में होला आ समुन्द्र आ अन्य बड़हन पानी के भंडार सभ के अध्ययन [[जलमंडल]] के रूप में होला। किनारा के अध्ययन खातिर एगो खास अलगा से उपशाखा बाटे जेकरा के [[समुंद्रतटीय भूगोल]] कहल जाला, जे [[भूआकृति बिज्ञान]] आ [[समुंद्रबिज्ञान]] दुनो के चीज मिला के बनल उपशाखा हवे।
 
==संदर्भ==
"https://bh.wikipedia.org/wiki/जमीन" से लिहल गइल