कजरी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Spelling correction, replaced: लड़िकी → लइकी (3) using AWB
एगो वाक्य + संदर्भ
लाइन 1:
'''कजरी''' एक तरह क [[भोजपुरी लोकगीत]] हउवे जेवना के [[सावन]] की [[महीना]] में बिटिया कुल [[झुलुआ]] खेलत समय गावेलीं। कजरी गा-गा के झुलुआ खेलला के ‘[[कजरी खेलल]]’ कहल जाला । ई [[उत्तर प्रदेश]]<ref name="Rajpal2013">{{cite book|author=Preeti Rajpal|title=Bharatiya Sangeet Samajik Savroop Avm Parivartan|url=https://books.google.com/books?id=D8j4DQAAQBAJ&pg=PA109|date=1 December 2013|publisher=Unistar Books|isbn=978-93-5113-251-6|pages=109–}}</ref> आ [[बिहार]] के एगो प्रमुख लोक गीत ह।
 
==परिचय==
भोजपुरी भाषा में अलग-अलग मौसम में गावल जाये वाला तरह-तरह क गीत पावल जालें जेवना में कजरी क आपन एगो अलगे महत्व हवे । कजरी गावे क मौसम [[बरसात]] क होला जब [[सावन]] की [[महीना]] में ए गीतिन के गावल जाला । कजरी के [[गीति]] गावे वाली अधिकतर नयी उमर के लइकी-बिटिया होखेलीं । ए गीतिन के सावन में [[झुलुआ]] खेलत घरी लइकी कुल आपस में दू गोल बना के गावेलीं । कजरी गा-गा के झुलुआ खेलला के ‘[[कजरी खेलल]]’ कहल जाला । एहीसे कजरी की गीतिन में [[सावन]] की महीना क हरियाली, रिमझिम [[बरखा]] के फुहार क खनक, खेल-खेलवाड़ के चंचलता, किशोरावस्था के उछाह अउरी आपस में छेड़छाड़ वाली बातचीत के सरसता झलकेला ।
"https://bh.wikipedia.org/wiki/कजरी" से लिहल गइल