बाढ़ि: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो आधार टैग बदलल गइल
सुधार
लाइन 1:
'''बाढ़ि''' या '''बाढ़''' एगो अइसन घटना होखे ले जवना में पानी अपना बहाव के आम बिस्तार से ऊपर उठ के अइसन जमीन के ऊपर चढ़ि आवेला जहाँ आमतौर पर जमीन सूखल रहे ले। जब एकरा से मनुष्य के नोकसान होखे ला तब ई आपदाआफत में गिनल जाला। ई प्राकृतिक कारण आ मनुष्य के कौनों काम या फिर दुनों के मिलल जुलल कारण के परिणाम हो सके ला।
 
आमतौर पर [[नदी]] या झील के किनारे के जमीन जवन सूखल रहे ले ओकरा पानी के बढ़ले के कारन बूड़ि गइले के बाढ़ि कहल जाला। पानी के ई चढ़ाव ढेर [[बरखा]] भइला या अउरी कौनों दूसर कारन से हो सके ला, जइसे की बाँध ससेसभसे अचानक पानी छोड़ल या बाँध के टूट गइले से।
 
कुछ इलाका में लगभग हर साल बाढ़ि आवेले जेवन सीजनल होखे ले। बरसात के मौसम में नदी नाला ताल सब में पानी चढ़ जाला आ आसपास के सूखल रहे वाली जमीन के डुबा देला।
कुछ जगह अचानक ढेर बरखा हो गइले पर भी पानी ओतने तेजी से बह के निकल ना पावे के कारन जमा हो जाला, एकरा के जलजमाव कहल जाला आ इहो बाढ़ के एगो रूप मानल जाला।
 
[[श्रेणी:बाढ़ि| ]]
{{पर्या-आधार}}
[[श्रेणी:मौसमी आफत]]
 
[[श्रेणी:जल भंडार]]
[[श्रेणी:पर्यावरण]]
[[श्रेणी:पर्यावरण भूगोल]]
 
{{पर्या-आधार}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/बाढ़ि" से लिहल गइल