वायुमंडल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
+ कड़ी
लाइन 1:
{{about|पृथ्वी के वायुमंडल|सामान्य कांसेप्ट|वायुमंडल (सामान्य)}}
[[चित्र:Top of Atmosphere.jpg|thumb|right|200px|[[अंतरिक्ष]] से [[पृथ्वी]] क वायुमंडल निलाहूँ रंग के लउकत बाटे।]]
[[पृथ्वी]] के '''वायुमंडल''', (''Atmosphere'', ''एटमॉस्फियर'') पृथ्वी के चारों ओर लपटाइल [[गैस|गैसन]] के घेरा हवे। गैस सभ के एह मैकेनिकल मिक्चर के [[हवा]] कहल जाला। [[पृथ्वी के [[गुरुत्वाकर्षण]] के ताकत एह हवा के पृथ्वी के चारों ओर पकड़ले रहे ले।
 
वायुमंडल में मौजूद ऑक्सीजन गैस पृथ्वी पर जीवन खातिर बहुत जरूरी बा। एकरे अलावा ई सुरुज के अल्ट्रावायलेट किरण के सोख के उनहन से सगरी जीवधारिन के रक्षा करे ला, गर्मी सोख के ओकर बँटवारा का देला जवना से दिन आ रात के ताप में बहुत अंतर ना होखे पावे ला, सुरुज से आवे वाला रोशनी के डिफ्यूज क के फइला देला जवना से उहो चीज सभ के देखल जा सके ला जिनहन पर सीधा सुरुज के रोशनी (घाम) न पड़ रहल होखे। एकरे अलावा, वायुमंडल के महत्व एह कारण बा भी कि एह में बिबिध प्रकार के [[मौसम]] संबधी घटना घटित होखे लीं, जइसे कि हवा के बहल, [[बादर]] आ [[बरखा]] इत्यादि मनुष्य के जीवन आ आर्थिक कामकाज (खेती इत्यादि) के बहुत सीमा तक परभावित करे लें।