भौतिक भूगोल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Filling in 1 references using Reflinks
छो सुधार
लाइन 1:
[[चित्र:Land ocean ice cloud 1024.jpg|240px|thumb|पथ्वी के उपग्रह से लिहल तस्वीर के नक्शा के रूप में देखावल रूप]]
'''भौतिक भूगोल''' ([[अंगरेजी]]: ''Physical geography'') [[भूगोल]] के दू गो प्रमुख शाखा सभ में से एक हवे आ एह शाखा में [[धरती]] पर मौजूद [[प्राकृतिक पर्यावरण|प्राकृतिक चीज]] सभ के भूगोलीय अध्ययन कइल जाला।<ref>{{cite web|author=Chuck Logan |url=https://www.collinsdictionary.com/dictionary/english/physical-geography |title=Physical geography definition and meaning |language={{en icon}} |publisher=Collins English Dictionary |date= |accessdate=2017-10-05}}</ref> भौतिक भूगोल में, पृथ्वी के ठोस चट्टानी हिस्सा - [[थलमंडल]], चारों ओर मौजूद हवा से बनल [[वायुमंडल]], समुंद्र आ सागर के रूप में मौजूद [[जलमंडल]], आ बिबिध जिया-जंतु आ बनस्पति से बनल [[जीवमंडल]] के अध्ययन होला। एकरे बिपरीत, भूगोल के दुसरकी शाखा [[मानव भूगोल]] हवे जेह में मनुष्य के काम से प्रभावित भा मनुष्य के बनावल [[बनावटी पर्यावरण|पर्यावरण]] से संबंधित चीजन के पढ़ाई होला।
 
भूगोल के शाखा होखे के नाते, एह बिसय में पृथ्वी के ऊपर बतावल चीज सभ के अध्ययन [[जगह]] आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाला आ ''[[स्पेशियल एनालिसिस|स्पेशियल पैटर्न]]'' के खोज आ ब्याख्या कइल जाला। एकरे अलावा मनुष्य आ [[पर्यावरण]] के आपसी संबंध आ [[मनुष्य के पर्यावरण पर परभाव]] के अध्ययन भी अलग-अलग जगह आ क्षेत्र के संदर्भ में कइल जाले।<ref name="Pidwirny2017">{{cite book|author=Michael Pidwirny|title=Chapter 1: Introduction to Physical Geography: Single chapter from the eBook Understanding Physical Geography|url=https://books.google.com/books?id=FwBhAwAAQBAJ&pg=PA10|date=23 June 2017|publisher=Our Planet Earth Publishing|pages=10–|id=GGKEY:KKUN9G4JW00}}</ref>
 
==उपशाखा==