भौतिक भूगोल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
+ नेवीगेशन टेम्पलेट
बिस्तार
लाइन 6:
==उपशाखा==
[[चित्र:Delicate Arch LaSalle.jpg|125px|thumb|प्राकृतिक मेहराब]]
* '''[[जलवायु बिज्ञान]]''' में धरती के चारो ओर मौजूद [[वायुमंडल]], आ एह में होखे वाला [[मौसम]] संबंधी बदलाव सभ के लंबा समय के औसत पैटर्न यानी [[जलवायु]] के अध्ययन कइल जाला। अलग-अलग इलाका में अलग तरह के जलवायु सभ के बिबरन आ ब्याख्या एकर मुख्य बिसय हवे। [[जलवायु बदलाव]] के अलग-अलग जगह पड़े वाला परभाव के अध्ययन आ रिसर्च भी एही के क्षेत्र में आवे ला।
* '''[[भूआकृति बिज्ञान]]''' धरती के [[थलरूप|सतह]] के समझे आ एह पर मौजूद बिबिध [[थलरूप]] सभ के बर्णन आ ब्याख्या करे, उनहन के इतिहासी बिकास के ब्याख्या करे वाला बिज्ञान हवे।
* '''[[समुंद्रबिज्ञान]]''' में पृथ्वी पर पावल जाए वाला जलमंडल के अध्ययन ह। समुंद्र आ सागर, इनहन के पानी के भौतिक बिसेसता में बिबिधता, उनहन में चले वाली धारा, ज्वार-भाटा, आ समुंदरी संसाधन सभ के पढ़ाई कइल जाला।
* '''[[जीवभूगोल]]''' धरती पर के सगरी जिया-जंतु आ बनस्पति के भूगोलीय बिस्तार आ अलग-अलग तरह के [[इकोसिस्टम]] आ [[बायोम]] सभ के अध्ययन हवे। मने की ई [[जीवमंडल]] के भूगोलीय अध्ययन करे ला।
 
एह चार गो के अलावा भौतिक भूगोल के उपशाखा सभ में समुंद्रतटीय भूगोल, माटी बिज्ञान, क्वार्टरनरी बिज्ञान, जलबिज्ञान आ [[पर्यावरण भूगोल]] शामिल बाने।
 
==इहो देखल जाय==