नेपाल के भूगोल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो हॉट-कैट द्वारा श्रेणी:नेपाल के भूगोल जोड़ल गइल
भूमिका के बिस्तार
लाइन 15:
| largest lake =[[रारा ताल]]
}}
'''नेपाल के भूगोल''' में [[एशिया के भूगोल|एशियाई]] देस [[नेपाल]] के [[भौतिक भूगोल|भौतिक]] आ [[मानव भूगोल|मानवीय]] पहलू सभ के भूगोलीय बिबरन सामिल बा। नेपाल एगो पहाड़ी देस हवे आ [[हिमालय]] पहाड़ के सहारे ई पूरुब-पच्छिम दिसा में {{convert|800|km|mi|0|sp=us}} लंबाई में आ उत्तर-दक्खिन दिसा में {{convert|150|to|250|km|mi|0|sp=us}} चाकर पट्टी के रूप में बिस्तार लिहले बा; कुल क्षेत्रफल {{convert|147181|km2|mi2|0|sp=us}} बाटे।
 
नेपाल एगो थलरुद्ध देस हवे, मतलब कि एकर सीमा समुंद्र से ना छुआले; एकरे उत्तर में [[चीन]] देस के तिब्बत ऑटोनामस प्रदेश आ दक्खिन में [[भारत]] के [[उत्तर प्रदेश]] राज्य बा; पच्छिमी सीमा भारतीय राज्य [[उत्तराखंड]] के साथे बने ले आ पूरबी सीमा भारत आ [[भूटान]] देस के साथ; एह पूरबी सीमा पर भारतीय राज्य [[पच्छिम बंगाल]] के पातर पट्टी बा जेकरे बाद [[बांग्लादेश]] पड़े ला। भले नेपाल के बहुत सारा ब्यापार चीन के साथ होखत होखे, समुंद्र से जुड़े खाती आ माल ढोआई खाती नेपाल भारत देस पर निर्भर बाटे।
 
जलवायु पहाड़ी हवे, [[मानसून]] के समय में बरखा होले आ तराई आ घाटी वाला इलाका सभ में ई बरखा के मात्रा काफी होखे ले। ढेर ऊँचाई वाला पहाड़ी चोटी सभ सालो भर बरफ से तोपाइल रहे लीं। बड़हन इलाका में जंगल मौजूद बाने आ पर्यटन के नजरिया से कई पहाड़ी जगह आ घाटी सभ नेपाल के अर्थब्यवस्था खाती महत्व क चीज बाने। इहाँ, नेपाल आ तिब्बत के बाडर पर दुनिया के सभसे ऊँच परबत चोटी [[माउंट एवरेस्ट]] बा जेह पर चढ़ाई करे वाला लोग नेपाल में मौजूद बेस से आपन चढ़ाई सुरू करे ला।
 
{{clear}}