+ फोटो
(नया लेख बनावल गइल) |
(+ फोटो) |
||
[[चित्र:Drought.jpg|200px|thumb|सूखा से जमीन में पड़ल दरार|alt=जमीन के हिस्सा जेह में दरार देखात बा]]
कौनों इलाका में, सामान्य से कम [[बरखा]] के दशा के समयअवधि '''सूखा''' के स्थिति होले, यानी ओह इलाका में वायुमंडली, सतही भा जमीनभीतरी पानी के कमी हो जाले। सूखा के स्थिति कई महीनन ले या सालन ले बनल रह सके ला। आमतौर पर कौनों इलाका के सूखाग्रस्त घोषित करे में, पनरह दिन के समय ले पानी के कमी दर्ज करे के बाद घोषणा कइल जाला। एक बेर आइल सूखा के परभाव अगिला कई सालन तक रह सके ला।
सूखा के परभाव इलाका के इकोसिस्टम आ खेती पर पड़े ला। परिणाम ई होला कि लोकल पर्यावरण आ अर्थब्यवस्था के नोकसान चहुँपे ला। पानी के भारी कमी अगर लमहर समय ले जारी रहे तब एह तरह के सूखा के कारण इलाका में खाना के कमी के कारण [[अकाल]] के स्थिति पैदा हो जाले।
|