चंद्रगुप्त I: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
मामूली बिस्तार
छो + एक ठो वाक्य
लाइन 21:
'''चंद्रगुप्त I''', '''पहिला चंद्रगुप्त''' भा '''चंद्रगुप्त प्रथम''' प्राचीन भारत के [[गुप्त साम्राज्य]] के पहिला प्रमुख आ परसिद्ध राजा रहलें। उनके आसपास के राज्यन के साथ गुप्त बंस के संबंध घनिष्ठ बनावे बदे जानल जाला। इनकर बियाह लिच्छवि राजकुमारी से भइल जे साइत [[नेपाल]] के रहली आ संभवतः गुप्त लोग वैश्य वर्ण के रहल आ एह तरीका से क्षत्री कुल में बियाह से इनहन लोग के परतिष्ठा में बढ़ती भइल।{{sfn|शर्मा|2009|p=236}}
 
चन्द्रगुप्त I, गुप्त साम्राज्य के संस्थापक श्री गुप्त के पोता आ घटोत्कच के लइका रहलें आ एह तरीका से श्रीगुप्त आ घटोत्कच के बाद एह बंस के तीसरा राजा रहलें। इनके राज के सुरुआत 319-320 ई से भइल आ एह उपलक्ष में ई नया संवत चलवलें जेकरा के गुप्त संवत कहल जाला आ बाद के कई अभिलेख सभ में एकर जिकिर मिले ला।{{sfn|शर्मा|2009|p=236}} इनका बाद इनके लइका [[समुद्रगुप्त]] गद्दी पर बइठलें।
 
==बिबरन==