"बर्नारडो बर्टोलूची" की अवतरण में अंतर

→‎फिल्म निर्माण: सामग्री जोड़ल गइल
(→‎जीवन परिचय: सामग्री जोड़ल गइल)
(→‎फिल्म निर्माण: सामग्री जोड़ल गइल)
 
==फिल्म निर्माण==
बर्टोलूची अपना पिता नियर एगो कवि आ लेखक बनल चाहत रहलें। ऊ रोम विश्वविद्यालय के आधुनिक साहित्य विभाग में दाखिला ले लिहलें लेकिन एही बीच बर्टोलूची के पसोलिनी के फिल्म में बतौर सहायक निर्देशक काम करे के मौका मिल गइल जेकरा बाद बर्टोलूची स्नातक के पढ़ाई बीचे में अधूरा छोड़ दिहलें। बर्टोलूची 1962 में मात्र 22 साल के उमिर में आपन पहिलका फीचर फिल्म के निर्देशन कइलें। सन् 1972 में बर्टोलूची के फिल्म 'द लास्ट टैंगो इन पेरिस' के लेके एगो बड़ विवाद खड़ा हो गइल। ए फिल्म में मर्लेन ब्रांडो आ मारिया शिन्डर प्रमुख भूमिका निभवले रहलन। ए फिल्म के एगोे रेप सीन के लेके बर्टोलूची पर तमाम तरह के आरोप लागल जेकरा बाद मुकदमा में सजा भाी हो गइल।
 
1976 में बर्टोलूची '1900' नाव से एगो फिल्म के निर्माण कइलन आ भव्य शैली में फिल्म निर्माण के एगो नया शैली के जनम दिहलें। लेकिन बर्टोलूची के असली प्रसिद्धी मिलल फिल्म 'लास्ट इंपरर' से। ए फिल्म में चीन के आखिरी बादशाह 'असिन ग्योरो पुई' के जीवन वृत्तांत फिल्मावल गइल रहे। बर्टोलूची के ए फिल्म खातिर ऑस्कर पुरस्कार मिलल।
 
सम्मान[स्रोत सम्पादित करें]
 
==सम्मान==
* 1971: सर्वश्रेष्ठ निर्देशन खातिर नेशनल सोसायटी ऑफ फिल्म क्रिटीक अवॉर्ड
228

संपादन सभ