विकिपीडिया:उल्लेखनीयता: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
Created page with "जबले ई जानकारी भोजपुरी भाषा में उपलब्ध नइखे करा दिहल जात तबले एके ह..."
 
बनावे सुरू कइल गइल/भूमिका
लाइन 1:
{{proposed}}
जबले ई जानकारी भोजपुरी भाषा में उपलब्ध नइखे करा दिहल जात तबले एके हिंदी में पढल ज सकेला:
विकिपीडिया पर, उल्लेखनीयता ''(नोटेबिलिटी)'' एगो अइसन टेस्ट हवे जेकरे द्वारा संपादक लोग ई निर्णय करे ला कि दिहल गइल बिसय पर अलगा से लेख के जरूरत बा कि ना।
 
विकिपीडिया पर दिहल जाए वाली जानकारी सत्यापन जोग होखे के चाहीं; अगर बिसय पर तिसरहा-पक्ष के बिस्वसनीय स्रोत नइखे मिलत; तब ओह बिसय पर अलगा से लेख ना होखे के चाहीं। विकिपीडिया पर उल्लेखनीयता के बिचार एगो बेसिक मानक तय करे ला जवना से कि [[वि:विकिपीडिया का ना हवे|बिसयन के अंधाधुंध शामिल]] करे से बचाव हो सके। लेख आ लिस्ट सभ के बिसय निश्चित रूप से उल्लेखनीय, यानी "उल्लेख जोग" होखे के चाहीं। उल्लेखनीयता के निर्धारण ''जरूरी तौर पर'' परसिद्धि, महत्त्व या पापुलरिटी पर आधारित ना होला—हालाँकि, इनहन के कारण नीचे दिहल गइल दिसानिर्देस सभ के ऊपर खरा उतरे वाला बिसय के स्वीकार्यता में कुछ बढ़ती जरूर हो सके ला।
* <big>[[:hi:विकिपीडिया:उल्लेखनीयता|इहाँ क्लिक करीं]]</big>
 
कौनों बिसय के एह लायक मानल जा सके ला कि ओह पर लेख होखे, अगर:
:# बिसय नीचे दिहल जनरल दिसानिर्देस सभ पर खरा उतरे, आ
:# अइसन बिसय के [[विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे|विकिपीडिया का ना हवे]] के नीति के तहत बाहर न कइल गइल होखे।
 
एकरे बावजूद एह बात के गारंटी ना कइल जा सके ला कि बिसय पर लेख अलगा से होखहीं के चाहीं। संपादक लोग एक बिसय के दुसरा में बिलय करे, या दू या दू से ढेर लेख सभ के मिला के एकही लेख में रखे पर बिबेक अनुसार निर्णय ले सके ला। ई दिसानिर्देस एह बात के रूपरेखा बतावे ला कि कौनों बिसय अलगा से लेख भा लिस्ट बनावे खातिर केतना लायक बा। ई दिसानिर्देस सभ लेख या लिस्ट के सामग्री के पर कौनों सीमा ना लगावे लें। सामग्री के बारे में विकिपीडिया के [[विकिपीडिया:तटस्थ नजरिया|तटस्थ नजरिया]], [[विकिपीडिया:सत्यापन जोग|सत्यापनीय चीज]], [[वि:मूल रिसर्च मनाहीं|मूल रिसर्च मनाहीं]], [[वि:विकिपीडिया का ना हवे|विकिपीडिया का ना हवे]], आ [[विकिपीडिया:जियत लोग के जीवनी|जियत लोग के जीवनी]] के नीति देखल जा सके लीं।