जिग्नेश मेवाणी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
+ infobox
+ नया खंड
लाइन 23:
'''जिग्नेश मेवाणी''' (जनम 11 दिसंबर 1982) [[गुजरात]] के एगो राजनीतिक नेता आ बिधायक बाड़ें। मेवाणी के पहिचान एगो दलित नेता<ref>{{cite web|author=संजीव माथुर बीबीसी हिंदी डॉटकॉम के लिए |url=http://www.bbc.com/hindi/india-38426748 |title=गुजरात में दलितों के उभरते नेता मेवाणी - BBC News हिंदी |publisher=Bbc.com |date= |accessdate=2018-01-08}}</ref> के रूप में बा आ ऊ साल 2016 में गुजरात के दलित लोग के आंदोलन के अगुआई कइलेन,<ref>{{cite web|author=अंकुर जैन अहमदाबाद से, बीबीसी हिंदी डॉट कॉम के लिए |url=http://www.bbc.com/hindi/india/2016/08/160815_jignesh_mevani_new_face_of_dalit_pu |title=दलित नेता जिग्नेश मेवाणी में ख़ास क्या है? - BBC News हिंदी |publisher=Bbc.com |date= |accessdate=2018-01-08}}</ref> जबकि एकरे पहिले ऊ सामाजिक कार्यकर्ता आ वकील के रूप में काम क चुकल बाने। साल 2017 में भइल गुजरात के बिधान सभा चुनाव में मेवाणी, वडगाम सीट से जीत दर्ज कइलें आ वर्तमान में गुजरात के चउदहवीं बिधान सभा के बिधायक बाने। मेवाणी ई चुनाव निर्दल प्रत्याशी के रूप में लड़लें आ [[भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस]] आ [[आम आदमी पार्टी]] के सपोर्ट रहे। मेवाणी एकरे पहिले आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता भी रह चुकल बाने।
 
== सुरुआती जिनगी ==
जिग्नेश मेवाणी के जनम 11 दिसंबर 1982 के, गुजरात के [[अहमदाबाद]] में भइल। इनके परिवार मूलतः मेऊ नामके गाँव से हऽ जे महेसाणा जिला में पड़े ला। इनके सुरुआती पढ़ाई-लिखाई स्वास्तिक बिद्यालय आ विश्व विद्यालय माध्यमिक शाला, अहमदाबाद से भइल। साल 2003 में अहमदेबाद के एच. के. आर्ट कालेज से मेवाणी अंगरेजी साहित्य बिसय में बीए पास कइलें। साल 2004 में, जर्नलिज्म आ मास कम्युनिकेशन में डिप्लोमा लिहलें। साल 2004 से 2007 ले, मेवाणी एगो गुजराती पत्रिका "अभियान" खाती रिपोर्टिंग कइलें। 2013 में, अहमदेबाद के डी.टी. लॉ कालेज से एलएलबी के डिग्री हासिल कइलें।<ref name= "mp">{{cite magazine |last=Vankar |first=Devendra |date=October 2016 |title= Introduction article on Jignesh Mevani |magazine=Sanvedana Samaj |editor1-last=Parmar |editor1-first=Anita |location= Ahmedabad |publisher= Kishor Makwana }}</ref>
 
{{clear}}