मार्च: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नया रूप में
बिस्तार
लाइन 6:
 
==इतिहास==
[[File:Daffodil.jpg|thumb|230px200px|alt=डैफोडिल के पीयर फूल|डैफोडिल के मार्च के चीन्हा मानल जाला]]
पुराना जमाना में, रोमन कैलेंडर आ अउरी यूरोपीय कैलेंडर सभ में मार्च के महीना साल पहिला महीना होखे जब एकरे साथे बसंत के सुरुआत होखे। एकर नाँव ओही जमाना के ''मरीचस'' भा ''मारिटस'' के बदल चुकल रूप हवे आ एकर ई नाँव यूनानी कथा के देवता मार्स के नाँव पर रखल गइल हवे। मार्स के जुद्ध के देवता मानल जाला आ खेती किसानी आ रक्षा करे वाला देवता के रूप में भी। उत्तरी गोलार्ध आ खासकर यूरोप में जाड़ा के बाद खेती किसानी आ जुद्ध के सुरुआत के इहे सीजन रहे।
 
==अउरी नाँव==
फिनलैंड के भाषा में मार्च के ''मालिस्कू'' (maaliskuu) कहल जाला, एह के उत्पत्ती ''मालिनेन कू'' (maallinen kuu) से भइल बतावल जाला जेकर मतलब होला, मार्च में, धरती भा जमीन जाड़ा में [[बरफ]] से तोपाइल रहे के बाद वापस लउके सुरू हो जाला (हालाँकि, ई उत्पत्ती शब्दशास्त्र आधारित अनुमान बा आ कौनों अन्य परमान नइखे)। यूक्रेनियाई भाषा में एकर नाँव ''березень/बेरेजेन'' हवे, जेकर मतलब बर्च के फेड़ होला, एही तरे चेक भाषा में भी ब्रजेन (březen) कहल जाला। सैक्सन भाषा में एकरा के लेंटमोनाट (Lentmonat) कहल जाला जे, मार्च बिसुव के आधार पर आ दिन के लंबाई बढ़े के आधार पर रखल गइल हवे (लेंट के अंगरेजी के लेंथ भा लंबाई से समानता धियान दिहल जाय)। एगो अउरी नाँव Rhed-monat भा Hreth-monath (देवी Rhedam/Hreth के नाँव पर) हवे, आ एंगल्स लोग एह महीना के Hyld-monath कहे ला।
 
स्लोवेनियाई भाषा में पारंपरिक नाँव sušec हवे, जेकर मतलब ई होला कि जमीन अब अतना सूख चुकल बा कि खेती खाती ओकरा के जोतल जा सके ला। अन्य नाँव brezen आ breznik भी इस्तेमाल होलें, "बर्च के महीना" के अरथ में। तुर्की भाषा में ''मार्ट'' (Mart) मार्स देवता के नाँव पर दिहल गइल हवे।
 
==तिहुआर आ महत्व के दिन==
Line 17 ⟶ 21:
==बाहरी कड़ी==
{{commons category|March|मार्च}}
* [https://www.britannica.com/topic/March-month मार्च], ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया पर {{en icon}}
* [https://www.etymonline.com/word/march मार्च], एटिमॉलजी.कॉम पर {{en icon}}
 
{{साल के महीना सभ}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/मार्च" से लिहल गइल