स्ट्रीमिंग मीडिया: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नया आधार लेख शुरू कइल गइल
 
छो + हैटनोट
लाइन 1:
{{for|लाइव रेकार्डिंग आ साथे-साथ ऑनलाइन प्रसारण |स्ट्रीमिंग}}
'''स्ट्रीमिंग मीडिया''' में [[मल्टीमीडिया]] के अंतिम-उपयोगकर्ता पहुँच आ डिस्प्ले के काम एक्के साथ होला। मने कि पहिले फाइल पूरा [[डाउनलोड]] होखे आ ओकरे बाद देखाई पड़े अइसन ना होला बलुक डाउनलोड होखे के साथे-साथ आडियो-बीडियो के देखाई पड़े के काम भी सुरू हो जाला। "स्ट्रीम कइल/स्ट्रीम होखल" क्रिया के रूप में ओह प्रासेस के कहल जाला जवना प्रासेस में डेटा हासिल होला आ देखाई पड़े ला। एह शब्द के इस्तेमाल डिलिवरी के तरीका खाती कइल जाला न कि खुद माध्यम खाती, मने की वास्तव में मीडिया के प्रकार आडियो भा बीडियो होला (या कौनों अन्य मल्टीमीडिया) जबकि एकरा के हासिल कइल आ डिस्प्ले के तरीका स्ट्रीमिंग द्वारा होला।