कर्क रेखा: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो सुधार
बिस्तार
लाइन 10:
 
{{clear}}
==नाँव==
एह रेखा के नाँव अबसे लगभग 2,000 पहिले धराइल, ओह समय में सुरुज कर्क नाँव के राशि (कर्क माने खेखड़ा) में रहत रहे जब जून संक्रांति होखे। मने की अइसन समय जब साल में एक बेर सुरुज के किरन सभसे उत्तरी बिंदु सभ पर पड़े, ओह समय सुरुज आकास में कर्क नाँव के तारा मंडल के सोझा रहल करे। हालाँकि, अब अइसन स्थिति ना बाटे, पृथ्वी के धुरी के झुकाव के दिसा भी बहुत धीरे-धीरे बदलत रहे ला जेकरा के अयन चलन भा अयन गति कहल जाला, एकरे परभाव के कारण, अब वर्तमान में जब जून संक्रांति (उत्तरी संक्रांति) होखे ले तब सुरुज वास्तव में वृष राशि में होखे ला। भारतीय ज्योतिष में, निरयन सिस्टम में गणना करे पर, जेह में अयन गति के परभाव के हटा के राशिमान लिखल जाला, कर्क संक्रांति 15 जुलाई के आसपास होले, जबकि सायन सिस्टम में ई 21 जून के होखे ले।
 
कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीच के इलाका के अंगरेजी में ट्रोपिकल कहल जाला आ एह रेखा सभ के ट्रॉपिक्स कहल जाला। इहो यूनानी (ग्रीक) भाषा के "ट्रोपो" शब्द से निकसल हवे जेकर अरथ बदलाव से हऽ मने की एकरे बाद सुरुज के दिसा (किरण के चढ़ाव-उतराव) बदल जाले।
 
== जमीन पर==
पूरा दुनिया में कई जगह पर नाप-जोख कइ के कर्क रेखा क जमीन पर इस्थिति के देखावे खातिर तरह तरह क निसान लगावल गइल बा। एही में से कुछ क फोटो नीचे दिहल जात बा: