शेक्सपियर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
भूमिका सुधारल गइल
छो + विकिकड़ी
लाइन 16:
}}
 
'''विलियम शेक्सपियर''' (26 अप्रैल 1564 (बपतिस्मा) – 23 अप्रैल 1616) अंगरेज कबी, नाटककार, आ एक्टर रहलें। शेक्सपियर के [[अंगरेजी|अंगरेजी भाषा]] के सभसे महान लेखक मानल जाला आ इनके गिनती पूरा दुनिया के महान नाटककार लोग में होले। इनका के [[इंग्लैंड]] के राष्ट्रीय कवि अउरी "''बर्ड ऑफ एवन''" के रूप में भी जानल जाला। इनके साहित्यिक रचना सभ में, बिबिध छिटपुट रचना सभ के अलावा, 39 गो नाटक आ 154 गो सॉनेट, दू गो लमहर कबिता आ अउरी कई किसिम के रचना गिनावल जालीं। इनके नाटक सभ के अनुबाद दुनिया के लगभग हर प्रमुख भाषा में भइल बा आ इनके नाटक सभ के अउरी नाटककार लोग के नाटकन के तुलना में बहुत ढेर बेर मंच प खेलल जा चुकल बा।