ज्यॉफ्री चॉसर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नया आधार लेख शुरू कइल गइल
 
छो + विकिकड़ी
लाइन 15:
* टॉमस चॉसर}}
}}
'''ज्यॉफ्री चॉसर''' (Geoffrey Chaucer; {{IPAc-en|ˈ|tʃ|ɔː|s|ər}}; c. 1343 – 25 अक्टूबर 1400), जिनके [[अंगरेजी साहित्य]] के जनक के रूप में जानल जाला,<ref>Robert DeMaria, Jr., Heesok Chang, Samantha Zacher (eds.), ''A Companion to British Literature, Volume 2: Early Modern Literature, 1450-1660'', John Wiley & Sons, 2013, p. 41.</ref> मध्यजुग के सभसे बड़हन अंगरेजी भाषा के कबी मानल जालें। ई पहिला अइसन ब्यक्ति रहलें जिनके वेस्टमिन्स्टर एबे में ''पोएट्स कॉर्नर'' (कबी लोग के कोना) में दफनावल गइल।
 
ज्यॉफ्री चॉसर के जियते समय इनकर परसिद्धि लेखक, कबी, दार्शनिक आ ज्योतिषी के रूप में भ गइल रहे। साथे साथ ई आपन सिविल सर्विस के कैरियर आ दरबारी आ डिप्लोमैट के रूप में भी सक्रिय कैरियर चालू रखलें। ज्योतिष के बारे में इनके ज्ञान के जानकारी एह बात से मिले ला कि ई अपना दस बरिस के लड़िका लेविस खाती ''एस्टरलोब'' (ज्योतिष संबंधी बेध करे में इस्तेमाल होखे वाला एगो यंत्र) के इस्तेमाल संबंधी बैज्ञानिक किताब लिखले रहलें।
लाइन 21:
इनके प्रमुख रचना सभ में ''दि बुक ऑफ़ डचेस'', ''दि हाउस ऑफ़ फ़ेम'', ''दि लीजेंड ऑफ़ गुड वीमन'' आ ''ट्रोलियस एंड क्रीसेड'' बाड़ी सऽ। आज के समय में इनकरा के सभसे ढेर जानल जाला इनके रचना ''[[दि केंटरबरी टेल्स]]'' खाती।
 
चॉसर के रचना आ साहित्यिक काम के सभसे ढेर महत्व एह कारन भी हवे कि ऊ ओह जमाना के [[मध्यकालीन अंगरेजी]] बोली के आपन भाषा के रूप में ले के आपन रचना कइलें जबकि ओह समय में [[इंग्लैंड]] में साहित्य खाती आ सभ्य समाज के भाषा [[लैटिन]][[फ्रांसीसी भाषा|फ्रेंच]] रहली सऽ।
 
{{clear}}