ग़ालिब: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नया आधार लेख शुरू कइल गइल
 
+ ज्ञानसंदूक
लाइन 1:
{{Infobox writer <!-- for more information see [[:Template:Infobox writer/doc]] -->
| name = मिर्ज़ा ग़ालिब
| native_name =
| image = Asad_ghalib.jpeg
| imagesize =
| caption =
| pseudonym = ''ग़ालिब''
| birth_date = 27 दिसंबर 1797
| birth_place = [[आगरा]], [[मुगल राज]]
| death_date = 15 फरवरी 1869 (उमिर 71)
| death_place = [[दिल्ली]]
| occupation = [[कवि|शायर]]
| nationality = [[भारत के लोग|भारतीय]]
| period = [[मुगल राज]], [[ब्रिटिश राज]]
| genre = ''[[ग़ज़ल]]'', ''क़सीदा'', ''रुबाई'', ''क़त'आ़''
| subject = [[प्रेम]], [[दर्शन]], रहस्यवाद
{{Infobox person |child=yes
| mother = इज्ज़त-उन-निसा बेगम
| father = मिर्जा अब्दुल्ला बेग़ ख़ान
}}
| signature =
| honorific_suffix = दबीर-उल-मुल्क़, नज्म-उद-दौला, मिर्जा नौशा
}}
'''मिर्ज़ा अ़सदुल्लाह् बेग़ ख़ान''' (27 दिसंबर 1797 – 15 फरवरी 1869) जिनके '''मिर्ज़ा ग़ालिब''' भा '''ग़ालिब''' के नाँव से ढेर जानल जाला, [[उर्दू]] आ फ़ारसी भाषा के भारतीय शायर रहलें, [[मुगल राज|मुगल काल]] के अंतिम दौर के कुछ प्रमुख शायर लोग में से एक रहलें आ अभिन तक इनके शायरी के उर्दू साहित्य में प्रमुख अस्थान बा। वर्तमान समय में भी इनके शायरी पढ़ल आ कोट कइल जाले। '''ग़ालिब''' ({{nq|غاؔلِب}} - मने कि "सभ पर हावी") इनकर उपनाँव भा कलमनाँव रहल आ एकरे अलावा ई अपना शायरी में आपन मूल नाँव '''असद''' (मने कि "शेर") भी इस्तमाल भी करें। इनके ''दबीर-उल-मुल्क़'' आ ''नज़्म-उद-दौला'' के दरबारी उपाधि दिहल गइल रहे। ई अंतिम मुग़ल बादशाह [[बहादुर शाह ज़फ़र]] के समकालीन रहलें आ इनके जिनगिये में मुग़ल लोग के सत्ता के अंत भइल आ दिल्ली में [[ब्रिटिश राज|अंगरेजी राज]] कायम भइल। इनके मुगल काल के अंतिम महान शायर भी मानल जाला आ इनके कबिता वर्तमान [[भारत|भारते]]-[[पाकिस्तान]] में ना बलुक पूरा दुनिया में जहाँ भी हिंदुस्तानी मूल के लोग बा ओहिजा पापुलर बा। शायरी में, इनके ग़ज़ल प्रमुख रूप से तारीफ़ के बिसय बाड़ी आ इनहन के संकलन ''दीवान-ए-ग़ालिब'' के नाँव से उपलब्ध बा जबकि शायरी के अलावा इनके लिखल चिट्ठी-पतरी सभ, जे ''ख़तूते-ग़ालिब'' के नाँव से छपल बा, साहित्य में एगो महत्व के चीज मानल जाला। इनके जीवन पर फिलिम आ टीवी सीरियल के निर्माण भी भइल।
 
"https://bh.wikipedia.org/wiki/ग़ालिब" से लिहल गइल