हिंद महासागर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
कुछ बिस्तार
+ नया खंड
लाइन 1:
{{Five oceans}}
'''हिंद महासागर''' बिस्व क तीसरा सबसे बड़हन महासागर ह जे लगभग {{Convert|70,560,000|km2|abbr=on}} क्षेत्रफल पर बिस्तार लिहले बा आ धरती के पूरा पानी वाली सतह के लगभग 20% हिस्सा कभर करे ला। एकरे पच्छिम ओर [[अफ्रीका]], उत्तर ओर [[एशिया]] आ पूरुब ओर [[ऑस्ट्रेलिया]] महादीप बाड़ें आ दक्खिन में दक्खिनी महासागर, या फिर अगर ओकरा के अलगा से महासागर महासागर न मानल जाय, तब अंटार्कटिका महादीप बाटे। एकर नाँव भारत के नाँव (हिंद) के नाँव पर रखल गइल हवे आ अइसन एकलौता महासागर बा जेकर नाँव कौनों देस के नाँव प रखल गइल होखे। [[अरब सागर]] आ [[बंगाल क खाड़ी]] एही हिंद महासागरे क हिस्सा हउवें।
 
==भूबिज्ञान==
[[File:Indian Ocean bathymetry srtm.png|thumb|left|200px|गहिराईमाप देखावत चित्र]]
हिंद महासागर दुनिया के बाकी महासागर सभ के तुलना में सभसे नाया हवे। एह महासागर में एक्टिव महासागरी कटक (रिज) बाड़ें जिनहन के सहारे [[प्लेट टेक्टॉनिक्स|प्लेट]] सभ के सरकाव होखे ला। रोडरिगीस ट्रिपल प्वाइंट आ बिचला भारतीय रिज, कास्बर्ग रिज इत्यादि एह में प्रमुख बाड़ीं। अफिरकी प्लेट आ इंडो-ऑस्ट्रेलियाई प्लेट एक दुसरे से फरका हटे लीं तहाँ कास्बर्ग रिज हवे; दक्खिन-पच्छिमी इंडियन रिज के सहारे अफिरकी प्लेट आ अंटार्कटिका प्लेट के बिलगाव होला आ बिचली रिज अरब सागर से हो के लाल सागर ले आ आगे भूमध्य सागर तक ले चल जाले।
 
 
{{Authority control}}