संसाधन भूगोल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
सुधार
कुछ बिस्तार
लाइन 2:
 
संसाधन भूगोल के मुख्य सवाल ई बा की पृथ्वी पर सीमित मात्रा में पावल जाए वाला संसाधन सभ कइसे मनुष्य के असीमित मांग के पूरा क सके लें। एह शाखा के बिचारधारा में उपयोगिता वादी, प्राग्मैटिक आ प्रबंधनकारी, तीनों तरह के बिचार रहल बा।
 
==बिसयबस्तु==
[[भूगोल]] अपना सुरुआती काल से धरती प बिबिध चीज सभ के बितरण के अध्ययन करे वाला बिसय बा; साथे-साथे साथ ई मनुष्य के बिबिध क्रियाकलाप आ मनुष्य के पर्यावरण के बीचा में संबंध के भी स्थान (जगह) के बिसेस महत्व के धियान में रख के अध्ययन करे वाला बिसय हवे। मनुष्य के क्रियाकलाप सभ के [[स्पेशियल एनालिसिस|स्थानिक (स्पेशियल) अध्ययन]] भूगोल के बिसाल शाखा [[मानव भूगोल]] के अंतर्गत कइल जाला। मानव भूगोल के उपशाखा बा [[आर्थिक भूगोल]] जे मनुष्य के बिबिध आर्थिक कामकाज सभ के भूगोलीय अध्ययन आ बिस्लेषण करे ला।
 
मूल रूप से प्राकृतिक संसाधन सभ के भूगोल के अध्ययन में - संसाधन सभ के धरातल प बितरन, इनहन के ख़ास तरीका से (असमान) बितरण के कारण आ पैटर्न के अध्ययन, बितरण में जगह अनुसार बिबिधता आ असमानता के कारण पड़े वाला आर्थिक परभाव इत्यादि के अध्ययन कइल जाला।
 
समय के साथ एह शाखा के फोकस भी बदलत रहल बा। एगो बिद्वान के कहनाम बा कि अगर बीसवीं सदी के शुरूआती दौर में ई प्राकृतिक संसाधन के अर्थशास्त्र के भूगोल के जिकिर भइल रहित तब एकर अरथ बूझल जाइत कि "कौनों देस के खेती, जंगल, खनिज, जल आ अउरी प्राकृतिक संसाधन सभ के लोकेशन के मतलब, जनसंख्या के केंद्र आ आर्थिक कामकाज के केंद्र सभ संबंधित" हालाँकि उनके अनुसार ई नया समय में बदल रहल बा आ अब बेहवारिक भूगोल आ बेहवारिक अर्थशास्त्र, जे दुनों एक दुसरे के करीब आ रहल बाड़ें, के बीच अंतर्संबंध सभ के रूप में बिकसित हो रहल बा"<ref name="Vaughn1994">{{cite journal|last1=Vaughn|first1=Gerald F.|title=The Geography of Resource Economics|journal=Land Economics|date=1994|volume=70|issue=4|pages=515-519|doi=10.2307/3146645|url=http://www.jstor.org/stable/3146645|accessdate=20 अप्रैल 2018|quote=the geography of resource economics might have been understood as meaning the location of the nation's agricultural, forest, mineral, water, and other natural resources in relation to centers of population and economic activity. As we leave this century and enter the next, the geography of resource economics is evolving into the interrelationship between behavioral geography and behavioral economics, which grows steadily closure.}}</ref>
 
==इहो देखल जाय==