मीशा शफ़ी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार जारी
Filling in 1 references using Reflinks
 
लाइन 13:
| awards =
}}
'''मीशा शफ़ी''' ({{lang-ur|میشا شفیع}} - जनम 01 दिसंबर 1981) एगो पाकिस्तानी गायिका आ ऐक्ट्रेस बाड़ी।<ref>{{cite web|url=https://www.bbc.com/hindi/international-43839996 |title=कौन हैं अली ज़फ़र पर यौन उत्पीड़न का आरोप लगाने वाली मीशा शफ़ी? - BBC News हिंदी |publisher=Bbc.com |date=1970-01-01 |accessdate=2018-04-21}}</ref> लाहौर में जनमल मीशा हेइजे से कंप्यूटर में ''ए-लेवल'' के पढ़ाई कइली आ साल 2007 में नेशनल कॉलेज ऑफ़ आर्ट्स से डिग्री हासिल कइली। एकरे बाद मॉडलिंग इंडस्ट्री में दाखिल भइली आ ''बिन तेरे क्या है जीना'' के म्यूज़िक वीडियो में लउकली।
 
साल 2009 में '''लॉरियल पेरिस पाकिस्तान''' के ब्रांड एम्बेसेडर बनली, '''वोग इंडिया''' आ '''एल ऑफ़िशियल''' मैगज़ीन सभ के कभर पेज पर छपली। एह तारीफी के कुछ दिन बाद ऊ हॉलीवुड चहुंप गइली। मीरा नायर के एगो फिलिम में काम कइली आ बॉलीवुड फिलिम ''भाग मिल्खा भाग'' में इनके काम करे के मोका मिलल।
 
इनके सभसे ढेर परसिद्धि मिलल जब [[कोक स्टूडियो पाकिस्तान]] में आरिफ़ लोहार के साथै ''जुगनी'' गवली। बाद के सीजन में 2012 में सीजन पाँच में इनके गावल ''इश्क़ आप भी अवल्ला'' बहुत परसिद्ध भइल आ भारत आ पाकिस्तान दुनों जगह के लोग के पसंद के कलाकार बन गइली।