पैरामाउंट पिक्चर्स: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
नाया खंड सुरू कइल गइल
बिस्तार
लाइन 54:
==इतिहास==
पैरामाउंट पिक्चर्स 1912 में अस्तित्व में आइल जब ''फेमस प्लेयर्स फिल्म कंपनी'' के अस्थापना भइल। हंगरी में पैदा एकर संस्थापक, अडोल्फ ज़ुकोर, रहलें जे निकेलोडियन में सुरुआती निवेशकरता लोग में रहलें आ उनके नजर में ई आइल कि कामकाजी समुदाय के लोग के फिलिम बहुत अपील करे ले। डेनियल फ्रोहमैन आ चार्ल्स फ्रोहमैन के साथे पार्टनरसिपी में ऊ पूरा फीचर-लेंथ के फिलिम बनावे के बात सोचलें जे मिडिल क्लास के कामकाजी लोग के पसंद आवे।
 
एही साल, एगो अउरी प्रोड्यूसर, जेस एल. लास्की, आपन नाया कंपनी सुरू कइलेन जेकर नाँव लास्की फीचर प्ले कंपनी रहल। एकरे खाती ऊ अपना रिश्तेदार सैमुएल गोल्डफिश से पइसा उधार लिहलें; ईहे ब्यक्ति बाद में सैमुएल गोल्डविन के नाँव से परसिद्ध भइलें। लास्की कंपनी फिलिम बनावे खाती एगो अइसन डाइरेक्टर कइलस जेकरा के पहिले से फिलिम बनावे के कवनों अनुभव ना रहल, ई ब्यक्ति रहलें सेसिल बी. डिमिले। डिमिले ऊ ब्यक्ति रहलें जे लॉस एंजेलिस के बगले में हॉलीवुड नाँव के अस्थान पर साइट खोजलें जहाँ कि फिलिम ''दि स्कवा मैन'' के शूटिंग कइल जा सके।
 
1914 में सुरू करे के बाद, लास्की कंपनी आ फेमस प्लेयर्स, दुन्नो आपन फिलिम रिलीज करे खाती एगो स्टार्ट-अप कंपनी के सहारा लिहलें जे पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन रहल। ई स्टार्ट-अप कंपनी ऊटा के एगो थियेटर मालिक डब्लू. डब्लू. हुडकिंसन के रहल जे कई गो छोट फिलिम कंपनी सभ के खरीद के आ बिलय क के एह कंपनी के अस्थापना कइले रहलें। इहो धियान देवे वाली बात बा कि लास्की आ फेमस प्लेयर्स दुनों निजी मलिकाई वाली कंपनी रहलीं जबकि पैरामाउंट एगो कारपोरेशन रहल।
 
==इकाई सभ==