कार्ल मार्क्स: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
बिस्तार
लाइन 1:
{{Infobox philosopher
|region = [[पच्छिमी दर्शन]], [[जर्मन दर्शन]]
|era = [[19वीं-सदी के दर्शन]]
|honorific_suffix =
|image = Karl Marx_001.jpg
लाइन 23:
 
इनके बिचार आ लेखन के परभाव बाद के बहुत सारा बिद्वान आ लेखक लोग पर परल आ बाद के जमाना में इनके नाँव पर ''मार्क्सवाद'' नाँव के बिचारधारा अस्थापित भइल।
 
मार्क्सवाद—मने कि समाज, अर्थशास्त्र आ राजनीति प समेकित रूप से मार्क्स के बिचार आ सिद्धांत—के मानल ई हवे कि मानव समाज के बिकास बर्ग संघर्ष से होखे ला। पूँजीवादी ब्यवस्था में, ई बर्ग संघर्ष शासक बर्ग (बुर्जुआ) आ कामकाजी आ मजूरा बर्ग (जेकरा के प्रोलितेरियेत कहल गइल) जे आपन मेहनत बेच के मजूरी कमाए के काम करे ला, के बीचा में होखे वाला संघर्ष के रूप में सोझा आवे ला। एगो आलोचना बिधि, इतिहासी भौतिकवाद, के इस्तेमाल से मार्क्स ई प्रेडिक्ट कइलें कि जेङऽने पछिला सामाजिक-आर्थिक सिस्टम सभ आतंरिक तनाव पैदा कइलें आ ओही के कारन बिनष्ट भइलें, ठिक ओहिए तरे पूँजीवादो अपना भीतर खुदे टेंशन आ संघर्ष के जनम दिही आ खुदे एकर बिनास हो जाई आ एकर जगह एगो नया सिस्टम लेई: [[समाजवाद]]। मार्क्स खाती, पूँजीवादी ब्यवस्था में, एकरे खुद के अंदरूनी झोल आ क्राइसिस-प्रोन सोभाव के चलते बर्ग प्रतिरोध जनम ली आ ई कामकाजी आ मेहनतकश लोग के अंदर एगो बर्ग होखे के भावना पैदा करी आ अंत में राजनीतिक पावर पर एह लोग के काबिज होसके के बाद समाज में बर्ग-बिहीन आ उत्पादन के आजाद आपसी सहजोग द्वारा निर्मित कम्युनिस्ट ब्यवस्था आई। मार्क्स एकरा के सक्रीय रूप से लागू करे खाती जोर दिहलें आ सलाह दिहलें कि मजदूर बर्ग के बय्वस्थित क्रांतिकारी एक्शन में सामिल होखे के चाहीं जवना से कि पूंजीवाद के हटा के सामाजिक-आर्थिक बिमुक्ति ले आइल जा सके।
 
 
 
{{clear}}