पैरामाउंट पिक्चर्स: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो हिज्जे सुधार
छो सुधार
लाइन 46:
| intl =
}}
'''पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन''' (जेकरा '''पैरामाउंट पिक्चर्स''' भा खाली '''पैरामाउंट''' के नाँव से भी जानल जाला) एक ठो अमेरिकी फिलिम स्टूडियो बा। ई [[कैलिफोर्निया]] में मौजूद अमेरिकी फिलिम इंडस्ट्री ''[[हॉलीवुड]]'' में बा। साल 1994 के बाद से ई ''वायाकोम'' नाँव के अमेरिकी मीडिया समूह के सब्सिडरी के रूप में बा।
 
पैरामाउंट दुनिया के पाँचवा अइसन सभसे पुरान फिलिम स्टूडियो बाटे जे अभिन ले चालू बा।<ref name="Abel10">{{Cite book|author = Richard Abel|title= The Ciné Goes to Town: French Cinema, 1896–1914|publisher= University of California Press|date= 1994|page= 10 |ISBN= 0-520-07936-1}}</ref> साल 1916 में फिलिम प्रोड्यूसर एडोल्फ ज़ुकोर 22 गो एक्टर आ एक्ट्रेस लोग के साथ कांट्रेक्ट कइलेन आ हर एक के सितारा वाला लोगो से सम्मानित कइलेन, इहे फिलिमी दुनिया के पहिला "स्टार" रहल लोग।<ref>http://ocgirl.net/wp-content/uploads/image/paramount/paramount-2.jpg</ref> साल 2014 में पैरामाउंट अइसन पहिला स्टूडियो बनल जे आपन सगरी फिलिम खाली डिजिटल फारमेट में रिलीज करे वाला बन गइल।<ref>{{cite web |url=http://www.engadget.com/2014/01/19/paramount-all-digital-movie-distribution/ |title=Paramount now releases movies only in digital form |first=Jon|last=Fingas |date=19 जनवरी 2014}}</ref>
लाइन 58:
एही साल, एगो अउरी प्रोड्यूसर, जेस एल. लास्की, आपन नाया कंपनी सुरू कइलेन जेकर नाँव लास्की फीचर प्ले कंपनी रहल। एकरे खाती ऊ अपना रिश्तेदार सैमुएल गोल्डफिश से पइसा उधार लिहलें; ईहे ब्यक्ति बाद में सैमुएल गोल्डविन के नाँव से परसिद्ध भइलें। लास्की कंपनी फिलिम बनावे खाती एगो अइसन डाइरेक्टर कइलस जेकरा के पहिले से फिलिम बनावे के कवनों अनुभव ना रहल, ई ब्यक्ति रहलें सेसिल बी. डिमिले। डिमिले ऊ ब्यक्ति रहलें जे लॉस एंजेलिस के बगले में हॉलीवुड नाँव के अस्थान पर साइट खोजलें जहाँ कि फिलिम ''दि स्कवा मैन'' के शूटिंग कइल जा सके।
 
1914 में सुरू करे के बाद, लास्की कंपनी आ फेमस प्लेयर्स, दुन्नो आपन फिलिम रिलीज करे खाती एगो स्टार्ट-अप कंपनी के सहारा लिहलें जे ''पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन'' रहल। ई स्टार्ट-अप कंपनी ऊटा के एगो थियेटर मालिक डब्लू. डब्लू. हुडकिंसन के रहल जे कई गो छोट फिलिम कंपनी सभ के खरीद के आ बिलय क के एह कंपनी के अस्थापना कइले रहलें। इहो धियान देवे वाली बात बा कि लास्की आ फेमस प्लेयर्स दुनों निजी मलिकाई वाली कंपनी रहलीं जबकि पैरामाउंट एगो कारपोरेशन रहल।
 
==इकाई सभ==