चट्टान: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Filling in 1 references using Reflinks
बिस्तार
लाइन 29:
 
चट्टान सभ के बर्गीकरण दू गो आधार पर होला - इनहन के बने के प्रक्रिया आ इनहन में शामिल खनिज पदार्थन के आधार पर। इनहन के तीन गो मुख्य प्रकार में बाँटल जाला - आग्नेय चट्टान, सेडीमेंटरी चट्टान आ रूपांतरित चट्टान। चट्टान के अध्ययन करे वाला एकेडेमिक बिसय के ''पेट्रोलॉजी'' कहल जाला, ई एक तरह से [[भूबिज्ञान]] के भाग हवे।
 
==बर्गीकरण==
चट्टान सभ खनिज पदार्थ सभ के मेल से बनल होखे लीं। कौनों एक किसिम के चट्टान में एह खनिज सभ के मेरवन एक्के नियर लगभग पूरा चट्टान भर में होला (एकरा के होमोजीनस बितरण कहल जाला)। आपस में ई खनिज आ बिभिन्न रासायनिक यौगिक (कंपाउंड) सभ रासायनिक बंधन में बन्हाइल रहे लें। कौनों चट्टान में कवन खनिज पदार्थ केतना मात्रा में मिली ई चट्टान के बने के प्रक्रिया पर निर्भर होला।
 
===आग्नेय चट्टान===
अइसन चट्टान जे पृथ्वी के भीतर गरम आ पघिलल पदार्थ सभ, जेकरा मैग्मा कहल जाला, जे बाहर आ के बहे लागे तब लावा कहाला, के जमे से बने लीं उनहन के आग्नेय (इग्नीयस) चट्टान कहल जाला।
इनहन के भी दू भाग में बाँटल जाला, अइसन चट्टान जे मैग्मा के धरती के सतह पर आ के बाहर निकल के (अइसन ज्यादातर ज्वालामुखी क्रिया के कारण होला) जमे लीं ओनाहन के एक्स्ट्रूसिव आग्नेय चट्टान कहल जाला। एकरे बिपरीत जे चट्टान मैग्मा के ऊपर के ओर उठे पर सतह ले चहुँपे से पहिलही, धरती के भीतरे जैम जाए से बने लीं उनहन के इंट्रूसिव आग्नेय चट्टान कहल जाला।
 
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/चट्टान" से लिहल गइल