चंद्रमा आधारित कैलेंडर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
छो + फोटो
लाइन 5:
 
==कांसेप्ट==
[[File:Lunar libration with phase Oct 2007 450px.gif|thumb|right|200px|चन्द्रमा के एक महीना के कला, उत्तरी गोलार्ध में से देखले पर।]]
चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ ई सौर कैलेंडर सभ के बिपरीत चंद्रमा के गति पर आधारित होखे लें जबकि सौर कैलेंडर सुरुज के गति, या सटीक रूप से पृथ्वी के सुरुज के चारों ओर चक्कर लगावे के गति, पर आधारित होखे लें। चूंकि, चंद्रमा आ पृथ्वी एक दुसरे के साथ मिल के बाइनरी सिस्टम के रूप में चक्कर लगावे लें, चंद्रमा एक तरह से पृथ्वी के चारों ओर चक्कर लगावत परतीत होला। एह चक्कर में चंद्रमा, पृथ्वी आ सुरुज एक सीधाई में आवे ले तब ओह स्थिति के [[सिजिगी]] कहल जाला। सिजिगी के स्थिति दू तरह के होला, पुर्नवासी के, जब सुरुज आ चंद्रमा के बीचा में पृथ्वी होखे; दूसरी, जब सुरुज आ पृथ्वी के बीचा में चंद्रमा होखे मने कि अमौसा के।