बलूचिस्तान प्रांत: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

पाकिस्तान के एगो प्रांत
Content deleted Content added
पन्ना बनावल गइल "'''बलूचिस्तान''' पाकिस्तान के पाँच गो प्रांत सभ में..." के साथ
(कौनों अंतर नइखे)

08:43, 21 जुलाई 2018 तक ले भइल बदलाव

बलूचिस्तान पाकिस्तान के पाँच गो प्रांत सभ में से एगो प्रांत बा जे एह देस के सभसे पच्छिमी प्रांत हवे आ देस के दक्खिनी-पच्छिमी हिस्सा में पड़े ला। रकबा के हिसाब से ई पाकिस्तान के सभसे बड़हन प्रांत हवे आ एकर प्रशासनिक राजधानी क्वेटा हऽ।

बलूचिस्तान प्रांत के उत्तर में अफगानिस्तान देस, उत्तर-पूरुब में पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वापंजाब प्रांत, दक्खिन पूरुब में सिंध प्रांत, दक्खिन में अरब सागर आ पच्छिम में ईरान देस बाड़ें।

इहाँ के ख़ास बलूच संस्कृति हवे आ ई इलाका बहुत सूखा रेगिस्तान वाला हवे। राजधानी क्वेटा के आलावा इहाँ ग्वादार नाँव के बंदरगाह शहर प्रमुख बा आ ई इलाका प्राकृतिक गैस के भंडार खाती भी महत्व के इलाका हवे। इहाँ पाकिस्तान बिरोधी भावना आ अलगाववाद के समस्या भी बाटे।

संदर्भ