मोटू पतलू: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
बिस्तार
लाइन 55:
===मोटू===
मोटू, पतलू के साथै एह सीरिज के हीरो हवें। मोटू के नाँव ''मोटू'' एह कारन परल हवे काहें से की ऊ गोल मटोल आ मोट बाड़ें। लाल रंग के कमीज पहिरे लें आ मोटू के खाना बहुत पसंद हवे। ओहू में समोसा इनके सभसे ढेर पसंद हवे आ सभ काम छोड़ के समोसा देखते ई ओही पर टूटी परे लें। मोटू के दिमाग काम ना करे ला जब इनके भूख लागल होखे। गुस्सा आवे आ समोसा खा लेवे के बाद मोटू के ताकत कई गुना बढ़ जाला।
 
===पतलू===
पतलू, नाँव अनुसार, एगो पातर आदमी हवें। ई एह सीरियल में सभसे बुद्धिमान ब्यक्ति के रूप में देखावल गइल बाने। अक्सर मोटू आ पतलू दुनों जाना जब मुसीबत में फँसे ला तब दिमाग इस्तेमाल करे के काम पतलू करे लें। आमतौर पर पतलू के इहे बिचार रहे ला कि कौनों किसिम के मुसीबत से लम्मे रहल जाय बाकी मोटू के दोस्ती में अक्सर उनके मोटू के मदद करे के परे ला। पतलू के समोसा एकदम पसंद ना हवे। इनके अखबार पढ़ल नीक लागे ला।
 
पतलू के भेसभूसा में पीयर रंग के ट्यूनिक आ लाल रंग के पैजामा रहे ला। ई गोल फ्रेम वाला चश्मा लगावे लें।
 
{{clear}}