महात्मा गाँधी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
→‎बाहरी कड़ी: विकिफिकेशन कइल गइल
बिस्तार
लाइन 18:
| signature = Gandhi_signature.svg
}}
'''मोहनदास करमचंद गाँधी''' ({{Lang-gu|મોહનદાસ કરમચંદ ગાંધી}}; 2 अक्टूबर 1869 - — 30 जनवरी 1948) जिनके '''महात्मा गाँधी''' की नाँव से आ '''गान्ही महात्मा''', '''गान्ही बाबा''' आ '''बापू''' के नाँव से जानल जाला, भारत के [[आजादी क लड़ाई|आज़ादी की लड़ाई]] क एगो प्रमुख राजनैतिक आ आध्यात्मिक नेता रहलन। ऊ ''[[सत्याग्रह]]'' व्यापक सविनय अवज्ञा की सहारे अत्याचार के खिलाफत क शुरुआत करे वाला नेता रहलें। सत्य आ [[अहिंसा]] की आधार पर लड़ाई लड़िके भारत के [[आजादी क लड़ाई|आजादी]] दियावे में उनके योगदान खातिर उनके पूरा दुनिया में जानल जाला।
 
[[संस्कृत भाषा|संस्कृत]] के महात्मा एगो आदर-सम्मान प्रगट करे वाला शब्द ह जेवना क प्रयोग इनका खातिर [[रवीन्द्रनाथ ठाकुर|रवीन्द्रनाथ टेगौर]] कइलें। [[2 अक्टूबर]] के उनकी जनम दिन के [[गाँधी जयंती]] के रूप में मनावल जाला आ दुनियाभर में एहिदिन [[अंतरराष्ट्रीय अहिंसा दिवस]] भी मनावल जाला।
लाइन 24:
गाँधी टोपी आ चरखा उनकी [[गाँधीवाद|बिचारधारा]] क निशान बन चुकल बा।
 
== जिनगी ==
 
=== बचपन ===
मोहनदास करमचंद गाँधी के जनम 2 अक्टूबर 1869 के एगो गुजराती हिंदू मोध बनिया परिवार में पोरबंदर (जेकरा के सुदामापुरी के नाँव से भी जानल जाला) में भइल जे काठियावाड़ प्रायदीप क एगो समुंद्र के किनारे बसल कस्बा हवे आ ओह जमाना में भारत राज के काठियावाड़ एजेंसी के अंदर पोरबंदर स्टेट के नाँव से रहल। इनके बाबूजी, करमचंद उत्तमचंद गांधी (1822-1885) पोरबंदर राज के दीवान (मुख्यमंत्री) रहलें। 2 अक्टूबर 1869 के इनहीं के घरे इनके मेहरारू पुतलीबाई आपन सभसे छोट बेटा, मोहनदास, के जनम दिहली। मोहनदास से बड़ एगो बहिन रालिताबेन (1862-1960) रहली आ सभसे बड़ संतान लक्ष्मीदास (c. 1860-1914) रहलें। मोहनदास बचपने में बहुत चंचल रहलें। इनके बहिन इनका बचपन के बारे में बतावेली कि इनके "सभसे प्रिय खेल कुक्कुरन के कान मिमोरल रहे"। भारतीय क्लासिक कथा सभ, खासतौर से सरवन के आ हरिसचंद राजा के कहानी के इनके बचपन पर बहुत परभाव परल। गाँधी अपना आत्मकथा में ई बात खुदे स्वीकार कइले बाने।
 
 
{{खाली खंड}}
{{clear}}
 
== संदर्भ ==
{{reflist}}
 
== बाहरी कड़ी ==
{{commonscat|Mohandas K. Gandhi|मोहनदास करमचंद गाँधी}}
 
* [http://wikisource.org/wiki/सत्य_के_प्रयोग_अथवा_आत्मकथा हिंदी विकीस्रोत पर महात्मा गाँधी के आत्मकथा] {{hi icon}}
* [[wikisource:An Autobiography or The Story of my Experiments with Truth|अंग्रेज़ी विकीस्रोत पर महात्मा गाँधी के आत्मकथा]]{{en icon}}
* [http://www.gandhismriti.gov.in/indexb.asp गाँधी स्मृति और एनबीएसपी] ( भारत सरकार के वेबसाइट) {{hi icon}}
 
{{Mahatma Gandhi}}