आलिया भट्ट: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
सुधार, बिस्तार
बिस्तार
लाइन 11:
| relatives =
}}
'''आलिया भट्ट''' (जनम 15 मार्च 1993) एगो भारतीय मूल के, ब्रिटिश नागरिकता वाली फिलिम ऐक्ट्रेस बाड़ी। भट्ट के [[बॉलीवुड|हिंदी सिनेमा]] में एक्टिंग करे खातिर [[बॉलीवुड ऐक्ट्रेस लोग के लिस्ट|बॉलीवुड ऐक्ट्रेस]] के रूप में जानल जाला। जानल-मानल डाइरेक्टर महेश भट्ट के ई बेटी हई आ अपना काम खाती कई गो पुरस्कार आ अवार्ड पा चुकल बाड़ी जेह में दू गो फिल्मफेयर अवार्ड भी सामिल बाने। भट्ट वर्तमान में (2018) भारत के सभसे बेसी कमाई करे वाली ऐक्ट्रेस लोग में से एक बाड़ी आ 2014 के फोर्ब्स इंडिया सेलिब्रिटी लिस्ट में टॉप 100 में आ 2017 में फोर्ब्स एशिया के टॉप 30 लिस्ट में सामिल भ चुकल बाड़ी।
 
1999 के थ्रिलर फिलिम ''संघर्ष'' में ई बाल कलाकार के रूप में लउकली। एकरे बाद 2012 में करन जौहर के फिलिम ''स्टूडेंट ऑफ दि इयर'' से आपन कैरियर के सुरुआत कइली। जौहर के स्टूडियो धर्मा प्रोडक्शंस के साथे इनके जुड़ाव जारी रहल आ एकरे बाद रोमांस फिलिम ''2 स्टेट्स'' (2014), ''हम्प्टी शर्मा की दुल्हनिया'' (2014), आ ''बद्रीनाथ की दुल्हनिया'' (2017) में काम कइली; ड्रामा फिलिम ''कपूर एंड संस'' (2016); आ ''डियर जिंदगी'' (2016) में मुख्य भूमिका में रहली। एह फिलिम सभ के हिट होखे के कारन भट्ट के फिलिम इंडस्ट्री में अस्थापित होखे में मदद मिलल आ कई गो पुरस्कार भी जितली। ''हाइवे'' (2014) आ ''उड़ता पंजाब'' (2016) खातिर इनका के फिल्मफेयर के बेस्ट ऐक्ट्रेस अवार्ड मिलल। 2018 में ई एगो जासूसी थ्रिलर फिलिम ''राजी'' में काम कइली जे बाक्स-ऑफिस पर बढियाँ कमाई कइलस।
 
== फिल्मोग्राफी ==