विकिपीडिया:लेख टाइटिल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
बिस्तार
लाइन 4:
 
==लेख के टाइटिल पर बिचार करे लायक चीज==
लेख के टाइटिल एह आधार पर होखे के चाहीं कि कइसे ई भोजपुरी में ओह बिसय के संबोधित कइल जा रहल बा; एकरा खाती भोजपुरी के लिखित संदर्भ आ सभ्य भोजपुरी के चलन के धियान में रखे के चाहीं। कई बेर अइसन हो सके ला कि कवनो बिसय के एक से बेसी तरह से टाइटिल लिखल जा सकत होखे या चलन में होखे, अइसन दसा में विकिपीडियन लोग तर्क आ बिबेक आधारित आपसी सहमती से टाइटिल बीछ सकत बा, मने की विकिपीडिया के आम सहमती वाला प्रक्रिया के पालन कइल जाए के चाहीं। बिबाद भा साफ़ आम सहमती न होखे पर ई निर्णय प्रबंधक के बिबेक पर अंतिम निर्णय खाती छोड़ल जा सके ला।
 
एगो बढ़ियां आ सटीक टाइटिल में नीचे दिहल चीज सभ के बीचा में बेहतरीन बैलेंस होखे के चाहीं:
==भाषा==
 
* '''चिन्हारू''' – टाइटिल जानल पहिचानल होखे, तुरंत बिसय के पता चल जाय।
* '''तटस्थ''' – होखे, कौनों खास किसिम के बायस भा झुकाव न लिहले होखे।
* '''सटीक''' – होखे ताकि निर्बिबाद रूप से लेख के बिसय के चीन्हल जा सके आ अउरी मिलत-जुलत बिसय से बिलग पहिचान सहजता से हो जाय।
* '''संछेप''' – में होखे, बेमतलब लमहर न बनावल जाय बलुक बाकी चीज के धियान में रखते समय छोट-से-छोट संभव टाइटिल बीछल जाय।
* '''एकरूपता''' – बाकी के बिसय आ अन्य टाइटिल के साथे एकरूपता रखत होखे; कंसिस्टेंट होखे।
 
==भोजपुरी भाषा में होखे ==
ई विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण हवे जेकर भाषा [[भोजपुरी]] बा आ लिखाई (लिपि) [[देवनागरी]] आ अंक के इस्तेमाल इंटरनेशनल (1,2,3...), एही कारण लेख सभ के टाइटिल, जहाँ तक संभव होखे, भोजपुरी भाषा में आ देवनागरी लिखाई में होखे के चाहीं आ अंक इंटरनेशनल सिस्टम में लिखल जाए के चाहीं।