विकिपीडिया:लेख टाइटिल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार
बिस्तार
लाइन 13:
* '''संछेप''' – में होखे, बेमतलब लमहर न बनावल जाय बलुक बाकी चीज के धियान में रखते समय छोट-से-छोट संभव टाइटिल बीछल जाय।
* '''एकरूपता''' – बाकी के बिसय आ अन्य टाइटिल के साथे एकरूपता रखत होखे; कंसिस्टेंट होखे।
 
ऊपर दिहल ई लच्छन नियम ना हवें बलुक एक तरह से हासिल करे लायक लक्ष्य हवें। इनहन में आपसी बैलेंस के कोसिस रहे के चाहीं। जरूरत पड़े पर अनुप्रेषण बनावल जा सके लें।
 
== आम चलन के नाँव ==
विकिपीडिया के लेख आ टाइटिल आम प्राकृतिक भाषा में रखल जाए के चाहीं आ सभसे ऊपर एह मामिला में आम चलन के दिहल जाए के चाहीं। इहो धियान देवे के बात बा कि विकिपीडिया कौनों "ऑफिशियल नाँव" के जरूरी तौर पर इस्तेमाल करे अइसन ना बा बलुक सभसे चलनसार नाँव के सभसे ढेर वरीयता दिहल जाला (जइसन कि बिस्वास जोग, तिसरहा पार्टी के संदर्भ सभ में इस्तेमाल होखत होखे; या आम सभ्य भोजपुरी समाज में चलन में होखे)। हालाँकि, कबो अइसन हो सके ला कि एकही बिसय खाती कई गो नाँव बरोबर चलन में होखें चाहे एकही नाँव के कई गो बिसय होखें आ ई तय कइल मुश्किल हो जाय कि कवन नाँव निर्बिबाद रूप से बेसी चलन में बा चाहे कौनों नाँव कवना बिसय से मुख्य रूप से संबंधित बा। एह दसा में विकिपीडिया के आम सहमती के प्रक्रिया के पालन कइल जाए के चाहीं आ तबो निर्णय न हो पावे पर प्रबंधक के बिबेक पर छोड़ दिहल जाए के चाहीं।
 
नीचे कुछ उदाहरण दिहल गइल बाड़ें:
 
;लोग
* बिल क्लिंटन (न कि विलियम जेफ़रसन क्लिंटन)
* महात्मा गाँधी (न कि मोहनदास करमचंद गाँधी)
* भीमराव आंबेडकर (न कि बाबासाहेब भीमराव रामजी आम्बेडकर)
 
; जगह
* यूनाइटेड किंगडम (न कि यूनाइटेड किंगडम ऑफ़ ग्रेट ब्रिटेन एंड नदर्न आयरलैंड)
* अमेरिका (न कि यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका या संयुक्त राज्य अमेरिका)
* गाजीपुर (न कि ग़ाज़ीपुर)
 
==भोजपुरी भाषा में होखे ==
Line 18 ⟶ 35:
 
इहाँ धियान देवे वाली बात ई बा कि भोजपुरी भाषा में कइयन भाषा सभ से शब्द आइल बाड़ें आ एह में सामिल भ गइल बाड़ें; कुछ के एह प्रक्रिया में उच्चारणो बदल गइल बा आ उनहन के बकायदे भोजपुरीकरण हो गइल बा जबकि कुछ अपना मूल उच्चारण में भा लगभग मूल उच्चारण में सभ्य भोजपुरिया समाज में बोलल जालें। अइसन बाहरी भाषा सभ के शब्द सभ के भोजपुरिये के मानल जाए के चाहीं अगर उनहन के आम बोलचाल में भोजपुरिहा लोग इस्तमाल करत होखे, भले ओह शब्द के मूल उत्पत्ती कौनों अउरी भाषा के होखे।
 
ऊपर बताव आम चलन के नाँव के पैमाना अनुसार, ऑफिशियल नाँव चाहे मानक हिंदी नाँव के रखे के कौनों बाध्यता ना बा। बस ई देखल जाए के चाहीं कि भोजपुरी में ई कवना रूप में बेहवार में बा; अगर भोजपुरी में कवनो बिदेसी शब्द खाती कवनो खास शब्द भा अनुबाद स्वाभाविक चलन में न होखे, नीचे बतावल बिदेसी नाँव संबंधी पैमाना अनुसार उनहन के देवनागरी लिखाई में लिखल जा सके ला।
 
[[श्रेणी:विकिपीडिया दिसानिर्देस]]