शहर: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो सुधार
बिस्तार
लाइन 7:
[[दिल्ली]], [[मुंबई]], [[कोलकाता]], [[चेन्नई]], [[बंगलौर]] (बंगलुरु) आ [[हैदराबाद]] नियर कुछ शहर भारत देस के प्रमुख शहर सभ में गिनल जालें।
 
== परिभाषा ==
शहर के आमतौर पर अइसे परिभाषित कइल जाला कि जवन आबादी वाला इलाका गाँव चाहे कसबा (टाउन) से बड़ होखे<ref>{{cite web|title=Definition of CITY|url=https://www.merriam-webster.com/dictionary/city|website=www.merriam-webster.com|accessdate=25 फरवरी 2019|language=en}}</ref>, मने की बेसी जनसंख्या वाला होखे, शहर (सिटी) कहाला। हालाँकि, कस्बा आ शहर के बीचा में, मने कि टाउन आ सिटी के बीच, कौनों बिसेस परिभाषा वाला अंतर ना बा आ इनहन के इस्तेमाल अदल-बदल के भी होखे ला।<ref name="Johnston2013">{{cite book|author=R.J. Johnston|title=City and Society: An Outline for Urban Geography|url=https://books.google.com/books?id=r8cWL3kkYBAC&pg=PA13|date=15 April 2013|publisher=Routledge|isbn=978-1-135-67464-9|pages=13–}}</ref> इंटरनेशनल रूप से पूरा दुनियाँ में कौनों निश्चित पैमाना भी ना बा कि केतना जनसंख्या वाली बस्ती शहर कहाई। उदाहरण देखल जाय तब घाना में 5,000 आबादी, अर्जेंटीना में 2,000 के आ न्यूजीलैंड में 1,000 के जनसंख्या के कम से कम होखल जरूरी बा जबकि स्वीडन नियर देस में 200 लोग के आबादी भी अगर एगो छोट जगह पर लगे-लगे रह के एक बस्ती के रूप में बसल होखे शहर कहा सके ला।<ref name="Stoltman2011">{{cite book|author=Joseph P. Stoltman|title=21st Century Geography|url=https://books.google.com/books?id=7WrVewV6rOwC&pg=PA291|date=20 October 2011|publisher=SAGE|isbn=978-1-4129-7464-6|pages=291–}}</ref>
 
भारत में जनगणना बिभाग, जनगणना के रपट में, देहाती आ शहरी इलाका के रूप में बिभाजन करे ला जहाँ शहरी इलाका कहाए खाती या टेम्पलेट ओह बस्ती में नगर निगम, नगरपालिका, कैंट इत्यादि होखे; 5,000 से बेसी आबादी, 75 परसेंट से बेसी जनसंख्या गैर-खेती के काम में, आ 400 प्रति किमी से बेसी जनघनत्व होखे; एकरे अलावा नगर पालिका इत्यादि बिधिक एरिया के आसपास के सटल इलाका जे भले गाँव के रूप में दर्ज होखे बाकी शहरी सुबिधा सभ मौजूद होखे।<ref>{{cite web|title=कुछ कांसेप्ट आ परिभाषा|url=http://censusindia.gov.in/2011-prov-results/paper2/data_files/kerala/13-concept-34.pdf|website=censusindia.gov.in|publisher=जनगणना बिभाग, भारत सरकार|accessdate=25 फरवरी 2019}}</ref>
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/शहर" से लिहल गइल