ज्ञानकोश: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
No edit summary
लाइन 1:
[[File:Brockhaus Lexikon.jpg|thumb|260px|एगो ''एन्साइक्लोपीडिया'' के लाइब्रेरी में सजल खंड सभ।]]
 
'''ज्ञानकोश''' भा '''एन्साइक्लोपीडिया''' संदर्भ देवे/खोजे में इस्तमाल होखे वाला रचना हवे जेह में [[जानकारी|तथ्यात्मक जानकारी]] के एकट्ठा क के लेख के रूप में प्रस्तुत कइल गइल होला। ई दुनिया के हर तरह के ज्ञान से संबंधित बिसय सभ पर भी हो सके ला आ कौनों खास अध्ययन बिसय के ऊपर भी, जइसे [[भूगोल]] के ज्ञानकोश में खाली भूगोल से संबंधित बिसय पर तथ्यात्मक लेख मौजूद होखीहें। ई किताब भा कई खंड में किताबन के संकलन के रूप में हो सके ला - जइसे ''ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया'' के छपल संस्करण, सीडी में आवे वाला हो सकेला - जइसे ''एन्कार्टा'', या फिर [[इंटरनेट]] आधारित ऑनलाइन संस्करण हो सकेला - जइसे कि ''[[विकिपीडिया]]''।