चट्टान: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो + फोटो
→‎बर्गीकरण: बिस्तार
लाइन 37:
अइसन चट्टान जे पृथ्वी के भीतर गरम आ पघिलल पदार्थ सभ, जेकरा मैग्मा कहल जाला, जे बाहर आ के बहे लागे तब लावा कहाला, के जमे से बने लीं उनहन के आग्नेय (इग्नीयस) चट्टान कहल जाला।
इनहन के भी दू भाग में बाँटल जाला, अइसन चट्टान जे मैग्मा के धरती के सतह पर आ के बाहर निकल के (अइसन ज्यादातर ज्वालामुखी क्रिया के कारण होला) जमे लीं ओनाहन के एक्स्ट्रूसिव आग्नेय चट्टान कहल जाला। एकरे बिपरीत जे चट्टान मैग्मा के ऊपर के ओर उठे पर सतह ले चहुँपे से पहिलही, धरती के भीतरे जैम जाए से बने लीं उनहन के इंट्रूसिव आग्नेय चट्टान कहल जाला।
 
===परतदार चट्टान===
अवसादी चाहे परतदार चट्टान अइसन चट्टान होखे लीं जिनहन के जमाव दुसरे चट्टान सभ के टुकड़ा-चूरा इत्यादि के जम के कड़ेर होखे से होला। बलुआ पत्थर (सैंडस्टोन), शेल इत्यादि कुछ प्रमुख अवसादी चट्टान हईं। आमतौर पर इनहन में परत पावल जाला, एही कारण इनहन के परतदार चट्टान भी कहल जाला। अंगरेजी नाँव सेडीमेंटरी चट्टान हवे।
 
===रूपांतरित चट्टान===
अइसन चट्टान जिनहन के निर्माण कौनों दुसरे चट्टान के, बेसी ताप आ दाब के दशा में, रूप बदल जाए से होखे ला। मार्बल (संगमरमर) अइसने चट्टान हवे।
 
 
"https://bh.wikipedia.org/wiki/चट्टान" से लिहल गइल