रसगुल्ला: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Find-replace
छो नामौजूद संदर्भ
लाइन 41:
बंगाली पकवान बिसेसग्य पृथा सेन के मोताबिक, 18वीं सदी के बिचला दौर में बहुत सारा ओडिया महाराज (खाना पकावे वाला) लोग बंगाली घरन में ई काम करें आ उहे लोग एह मिठाई के साइद बंगाल में लोगन ले चहुँपावल।<ref name="ToI_Bishwa_2015">{{cite news |author=Mitra Bishwabijoy |date=6 July 2015 |title=Who invented the rasgulla? |url=http://timesofindia.indiatimes.com/life-style/food/food-features/Who-invented-the-rasgulla/articleshow/47909754.cms |newspaper=Times of India |accessdate=2 अगस्त 2015}}</ref> एगो दूसर थियरी के मोताबिक बंगाल से पुरी के जात्रा करे वाला लोग उहाँ से एह मिठाई के रेसिपी 19वीं सदी में ले आइल।<ref name = "gastr">{{cite journal |author=Michael Krondl |date=Summer 2010 |title=The Sweetshops of Kolkata |journal=Gastronomica |volume=10 |issue=3 |pages=58–65 |doi=10.1525/gfc.2010.10.3.58}}</ref>
 
ऊपर बतावल, उडीसा में उतपत्ती के सिद्धांत के बंगाली इतिहासकार लोग खंडन करे ला। खाना आ पकवान के इतिहासकार के टी आचार्य आ चित्रा बनर्जी के अनुसार भारत में सत्रहवीं सदी के पहिले छेना आ पनीर नियर चीज के कौनों संदर्भ ना मिले ला। दूध से बने वाली मिठाई सभ मुख्य रूप से खोवा से बनावल जायँ आ ई पुर्तगाली परभाव के बाद सुरू भइल जब पनीर आ छेना के भारत में इस्तेमाल सुरू भइल, छेना के मिठाई बने लागल। एही से, ई बहुत असंभव बात बुझाला कि जगन्नाथ मंदिर में बारहवीं सदी में छेना के मिठाई के भोग लागत रहल होखे।<ref>{{cite news |author=Shoaib Daniyal |date=4 अगस्त 2015 |title=Who Deserves Credit For The Rasgulla? Bengalis, Odiyas...Or The Portuguese? |url=http://www.kashmirobserver.net/news/opinion/who-deserves-credit-rasgulla-bengalis-odiyasor-portuguese |newspaper=[[Kashmir Observer]] |archive-url=https://web.archive.org/web/20151009143538/http://www.kashmirobserver.net/news/opinion/who-deserves-credit-rasgulla-bengalis-odiyasor-portuguese |archive-date=9 अक्टूबर 2015}}</ref> नबीन चंद्र दास के पीढ़ी में भइल अनामिक राय आ इतिहासकार हरिपद भौमिक के कहल बा कि मंदिर के सुरुआती रिकार्ड सभ में बर्णित ''छप्पन भोग'' में ले रसगुल्ला के जिकिर नइखे; एह मिठाई के नाँवें बंगाल में ईजाद भइल। इनहन लोग के एगो अउरी तर्क इहो बा कि देवता के फाटल दूध के कौनों चीज चढ़ावल एक तरह से धर्मबिपरीत आचरण होखी।<ref name="ToI_citing_2015"/><ref name="ToI_Jhimli_2015"/> हालाँकि, माइकल क्रोंडल के तर्क बा कि हिंदू देवता लोग से जुड़ल रिवाज आ नियम सभ में इलाका अनुसार काफी बदलाव रहल बा ई संभव बा कि आज जहाँ ओडिशा बा हो इलाका में एह किसिम के कौनों प्रतिबंध ना रहल होखे।<ref name="Michael_2011">{{cite book |author=Michael Krondl |year=2011 |title=Sweet Invention: A History of Dessert |url=https://books.google.ca/books?id=gN6ySQnUnfwC&lpg=PA53 |publisher=Chicago Review Press |pages=55–59 |isbn=978-1-55652-954-2}}</ref>
 
असित मोहंती, जे जगन्नाथ पंथ आ परंपरा सभ पर एगो ओडिया अनुसंधान कर्ता बाड़ें, हवाला देलें कि एह मिठाई के ''रसगोला'' नाँव से जिकिर 15वीं सदी के ग्रंथ ''जगमोहन रामायण'' में आइल बा जेकर रचइता बलराम दास रहलें।<ref>{{cite news |title=Hopes for Rasagola Origin in Odisha Revived |url=http://www.dailypioneer.com/state-editions/bhubaneswar/hopes-for-rasagola-origin-in-odisha-revived.html |newspaper=The Pioneer |date=15 July 2016 |accessdate=20 July 2016}}</ref> एह पाठ में रसगोला के जिकिर बा आ अउरी मिठाई सभ के भी जे ओडिशा में बनें। छेना से बने वाली अउरी कई मिठाई सभ के भी जिकिर बा, जइसे कि ''छेनापुरी'', ''छेनालड्डू'' आ ''रसाबली''।<ref>{{cite book |last=Ramayana |first=Jagamohan |title=Ramayana |publisher=Balaram Das |location=Ajodhya Kanda}}</ref><ref>{{cite book |last1=Typical selections from Oriya Literature |title=Ramayana |publisher=B.C. Mazumdar |page=84}}</ref> एगो अउरी पुरान ग्रंथ ''प्रेमपंचामृत'' जेकर रचइता भूपति रहलें, एहू में छेना कि जिकिर होखे के बात बतावल जाला।<ref>{{cite book |author=Purnachandra Bhasakosha |title=Chalha |url=http://dsalsrv02.uchicago.edu/cgi-bin/philologic/contextualize.pl?p.15.praharaj.1121967 |publisher=G. C. Praharaj |page=2594 |accessdate=20 July 2016}}</ref> ई तर्क दिहल जाला कि ओडिशा में छेना बनावे के बिधी पुर्तगाली लोग के आवे से बहुत पहिले से चलन में रहल।