मॉब लिंचिंग: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
छो Reverted edits by 2409:4064:499:AB7F:FCF8:9A94:80F5:9895 (talk) to last revision by SM7
टैग: Rollback
लाइन 1:
[[File:1891 New Orleans Italian lynching.jpg|upright=0.8|thumb|alt=Anti-Italian lynchings|अमेरिका के लुइसियाना राज्य के न्यूऑर्लियंस में लोकल जेल पर हमला करत बलवाई लोग, 14 मार्च 1891; ई इटैलियन लोग के बिरुद्ध लिंचिंग के घटना रहल।]]
'''मॉब लिंचिंग''' या '''लिंचिंग''' ({{Lang-en|Lynching}}; अरथ: भीड़ दुआरा मुआ डारल) कौनों झुंड या भीड़ द्वारा, कानून से ऊपर उठ के, केहू के सजा देवे खातिर कइल [[हत्या]] हवे। अक्सरहा अइसन घटना में भीड़ केहू के कौनों अपराध के दोषी मान के खुद सजा देवे खातिर उतर परे ले आ तर्क ई दिहल जाला कि कानून के कमजोरी के दसा में भीड़ खुदे न्याय क रहल बा।
 
लिंचिंग के घटना सभ के पुरान इतिहास रहल बा जहाँ [[यूरोप]] के इतिहास में भीड़ द्वारा सजा देवे के कई उदाहरण मिले ला। [[अमेरिका]] में करिया (ब्लैक) लोग के अइसन तरीका से छोट-छोट अपराध पर हत्या क देवे के घटना के बिबरन भी मिले ला। वास्तव में ''लिंचिंग'' शब्द के उत्पत्ती अमेरिकी सिविल वार (घरेलू जुद्ध) के दौरान भइल भले अइसन घटना पहिलहूँ होखत रहे, एकरा खातिर नया शब्द अमेरिका में मिलल। एकरा उत्पत्ती "लिंच कानून" से बतावल जाला आ चार्ल्स लिंच आ विलियम लिंच नाँव के दू लोग के बारे में अनुमान लगावल जाला कि एही में से केहू के नाँव पर अइसन भीड़ कानून के नाँव पड़ल आ बाद में लिंचिंग शब्द जनमल।
 
==भारत में==
भारत में लिंचिंग के घटना [[नागालैंड]] के [[दीमापुर]] में 2015 में घटित भइल जब बलात्कार के आरोपी के भीड़ जेल तूर के मुआ डरलस।<ref name=Dragged>{{cite news|title=Rape accused dragged out of jail, lynched in Nagaland|url=http://timesofindia.indiatimes.com/india/Rape-accused-dragged-out-of-jail-lynched-in-Nagaland/articleshow/46471326.cms|accessdate=7 March 2015|work=[[दि टाइम्स ऑफ इंडिया]]|date=5 मार्च 2015}}</ref> भारत में जाति-बाहरी बियाह आ जातिगत हिंसा, 'डायन' मान के केहू के हत्या, या सामाजिक रूढ़ि के परंपरा के नाँव पर बचावे खातिर हत्या नियर, लिंचिंग के कई रूप बाने। आमतौर पर एह में डर पैदा करे के भावना होला, ताकि कौनों धार्मिक सामाजिक रूढ़ि के बचावल जा सके। अन्य स्थिति में भीड़ ई मान के चले ले कि ऊ न्याय क रहल बा।