चट्टान: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
→‎बर्गीकरण: बिस्तार
छो विकिकड़ी जोड़ल गइल
लाइन 22:
| caption2 = अमेरिका के कोलोरोडो स्प्रिंग्स में ''बैलेंस्ड रॉक''
}}
'''चट्टान''' (Rock) भा '''पाथर''' (stone) [[प्राकृतिक]] रूप से पावल जाए वाला ठोस पदार्थ हवे जवन एक भा कई किसिम के [[खनिज]] सभ के एकट्ठा होखे आ जम के ठोस हो जाए से बने ला।<ref>{{cite web|last=Carmichael |first=Robert S. |url=https://www.britannica.com/science/rock-geology |title=Rock &#124; geology |language=en |publisher=Britannica.com |date= |accessdate=2017-10-21}}</ref> उदाहरण खाती, [[ग्रेनाइट]] एगो बहुत आम चट्टान हवे जवन क्वार्ट्ज, फेल्स्पर आ बायोटाइट नाँव के खनिज सभ से मिल के बनल होले। [[पृथ्वी]] के सभसे ऊपरी परत, जेकरा के थलमंडल कहल जाला, चट्टान सभ के बनल हऽ। चट्टान सभ के टूट-फूट से निकले वाला महीन कण वाला पदार्थ सभ जब ठोस रूप में एकट्ठा ना होलें बलुक कुछ फुलफुल होखे लें आ जीवी पदार्थ सभ के साथ मिल जालें, इहे [[माटी]] के रूप में धरती के सतह पर पावल जालें।
 
चट्टान भा पत्थर सब के मनुष्य खाती बिबिध उपयोग बा। प्राचीन काल से इनहन के कई तरीका से इस्तेमाल कइल जा रहल बा आ इनहन से निकले वाला खनिज पदार्थ कई तरह के इस्तेमाल में आवे लें। उदाहरण खाती, सीधे चट्टान भा पत्थर के इस्तेमाल मकान आ सड़क बनावे में होला; दुसरे ओर कोइला जेकरा के जरा के ऊर्जा प्राप्त कइल जाला एक तरह के चट्टाने हवे।
"https://bh.wikipedia.org/wiki/चट्टान" से लिहल गइल