लाल किला: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो सुधार/नामौजूद कड़ी
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
लाइन 29:
पाँचवाँ मुग़ल बादशाह [[शाह जहाँ]] द्वारा ई किला 1639 में बनवावल गइल जब किलेबंदी (देवाल आ गेट) के भीतर ऊ आपन राजधानी शाहजहानाबाद बसवलें।<ref name="Batra2008">{{cite book|author=N. L. Batra|title=Delhi's Red Fort by the Yamuna|url=https://books.google.com/books?id=wUMWAQAAMAAJ|accessdate=5 अगस्त 2012|date=2008|publisher=Niyogi Books}}</ref> लाल रंग के बलुआ पाथर से बनल होखे के कारन एकर नाँव लाल किला रखाइल। ई किला 1546 में इस्लाम शाह सूरी के बनवावल सलीमगढ़ किला के ठीक बगल में बाटे। शाही आवास के भवन सभ एक कतार में बनल बाने आ ई एगो नहर के किनारे बनावल गइल बाने। एह नहर के ''नहर-ए-बहिश्त'' यानी "स्वर्ग के नहर" नाँव दिहल गइल रहे। किला के बनावट आ आर्किटेक्चर के परभाव एकरे बाद बने वाला कई ठो किला आ भवन सभ पर पड़ल।<ref name="unesco_whl_entry" />
 
1747 में जब नादिरशाह के हमला भइल, किला के नक्काशी आ सजावट में लागल कीमती पाथर सभ के ब्यापक लूटपाट भइल। *1857* के बिद्रोह के बाद किला के अंदर संगमरमर के बनल ज्यादातर चीज सभ ब्रिटिश राज में बरबाद हो गइल।<ref name="auto">{{cite book|title=दि लास्ट मुग़ल |publisher=पेंगुइन|isbn=978-0-14-310243-4|page=7|author=विलियम डेलरिंपल |chapter=Introduction}}</ref> ब्रिटिश लोग एह किला के बाहरी मजबूत देवाल सभ भर बचावे के कोसिस कइल आ बाद में एह किला के तोपखाना (गैरिसन) के रूप में इस्तेमाल भइल।<ref name="auto" /> एही किला में ब्रिटिश लोग अंतिम मुगल बादशाह बहादुरशाह 'ज़फ़र' के सुनवाई भी कइल जेकरे बाद उनके देशनिकाला दे के 1858 में रंगून भेज दिहल गइल।<ref>{{cite book|last1=Gill|first1=M. S.|title=Trials that Changed History: From Socrates to Saddam Hussein|date=2007|publisher=Sarup & Sons|isbn=9788176257978|pages=297}}</ref>
 
वर्तमान में, हर साल भारत के आजादी के राष्ट्रीय परब स्वतंत्रता दिवस (15 अगस्त) पर भारत के परधानमंत्री किला के मुख्य दरवाजा पर तिरंगा फहरावे लें आ किला के प्राचीर से राष्ट्र के संबोधित करे लें।<ref name="business-standard.com">{{cite news |title=Singh becomes third PM to hoist flag at Red Fort for 9th time |newspaper=बिजनेस स्टैंडर्ड |url=http://www.business-standard.com/generalnews/news/singh-becomes-third-pm-to-hoist-flag-at-red-fort-for-9th-time/44355/ |date=15 अगस्त 2012 |accessdate=17 अगस्त 2012}}</ref>