सफेद गिद्ध: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
लाइन 27:
== रूपरंग ==
[[चित्र:Neophron percnopterus - 01.jpg|thumb|left|200px|एगो सफेद गिद्ध के क्लोज-अप, चिड़ियाघर में]]
[[File:Neophron percnopterus MHNT.ZOO.2010.11.79.1.jpg|thumb| ''Neophron percnopterus'']]
एह प्रजाति के वयस्क सदस्यन के पाँख के रंग सफेद होला आ करिया रंग के उड़ान पंख होलें। जंगली सदस्य सभ में आमतौर पर सफेद पाँख के रंग मुर्चाइल लोहा के रंग के या भूअर रंग के छाया लिहले, कीचड़-कनई के रंग के होला जवना के कारण लौह युक्त मिट्टी से लागल गंदगी के बतावल जाल।{{sfn|Clark|Schmitt|1998|p=}}{{sfn|Donázar et al. 2002a|p=}} चित्र में देखावल सदस्य चिड़ियाघर से बा एही से ई एकदम सफेद बा। ठोर पतला आ लंबा बाटे आ ऊपरी जबड़ा के नोक मोड़दार बा। नथुना, एगो पट दरार के रूप में बाटे। गर्दन के पंख भी लमहर होलें। उड़ान पाँख नोकदार होलें आ इनहन में तीसरा ग्रुप सबसे लमहर होला; पोंछ पाचर के आकार के होले। वयस्क के पैर गुलाबी आ लरिकाईं में पैर माटी के रंग के होला।{{sfn|Ferguson-Lees|Christie|2001}} पंजा लमहर आ सीधा होलें, तीसरी आ चउथी अँगुरी अपने आधार के लग्गे कुछ झिल्लीदार होले।