टॉरनैडो: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
अनुबाद कइल गइल
Filling in 1 references using Reflinks
लाइन 8:
}}
{{Weather}}
'''टॉरनैडो''' चाहे '''टारनेडो''' ({{Lang-en|Tornado}}) बहुत तेज घुमरीदार हवा के तूफान हवे। ई [[बवंडर]] भा [[चक्रवात]] के एगो किसिम हवे जेह में सेंटर में बहुत कम हवादाब के चलते चारो ओर से हवा सेंटर के ओर झपटे ला आ हवा के घुमरीदार खम्हा नियर बन जाला जे ऊपर आसमान में [[झंझावात]] के निचला हिस्सा से ले के धरती के सतह तक ले हाथी के सूंढ़ नियर या फिर कुप्पी नियर लटकल लउके ला। एही से एकरा के बहुत तेज घुमरियावत हवा के खम्हा के रूप में परिभाषित कइल जाला।<ref>{{cite web|author=Safety |url=https://www.weather.gov/safety/tornado |title=Tornado Safety |publisher=Weather.gov |date=2019-01-08 |accessdate=2020-02-22}}</ref> अंग्रेजी में अइसन तूफान सभ के आमतौर पर ''ट्विस्टर'', ''[[बवंडर|व्हर्लविंड]]'' भा ''[[चक्रवात|साइक्लोन]]''<ref>{{cite web|url=http://www.merriam-webster.com/dictionary/cyclone |title=merriam-webster.com |publisher=merriam-webster.com |date= |accessdate=2012-09-03}}</ref> कहल जाला हालाँकि, मौसम बिज्ञान में साइक्लोन के मतलब [[चक्रवात]] होला जे हवा के घुमरीदार बहाव वाला सिस्टम खातिर अउरी ब्यापक रूप से होला जेह में अगर देखे वाला ब्यक्ति आसमान से नीचे के ओर एह सिसटम के देखे तब इनहन में हवा के बहाव उत्तरी गोलार्ध में घड़ी के सुई के बिपरीत आ दक्खिनी गोलार्ध में घड़ी के दिसा में होला।<ref>{{Cite book|title=Essentials of Oceanography|last=Garrison|first=Tom|publisher=Cengage Learning|year=2012|isbn=978-0-8400-6155-3|location=|pages=}}</ref>
 
टॉरनैडो सभ बिबिध साइज आ आकृति के हो सके लें, अक्सरहा ई कुप्पी के आकृति में देखलाइ पड़े वाला बादर के रूप में होखे लें जे कपासीबरसाती बादर के निचला तली से नीचे जमीन की ओर लटकल रहे ला आ ऊपर बादर आ निचला हिस्सा में धूर-माटी आ कंजास घुमरीदार हवा के साथे चक्कर लगावत रहे ला। ज्यादातर टॉरनैडो सब के स्पीड {{convert|110|mph|km/h|sigfig=2}} से कम्मे रहे ला आ ई लगभग {{convert|250|ft|-1}} के गति से आगे बढ़े लें आ कुछ किलोमीटर तक जा के फिर गायब हो जालें। अगर बहुत बिनासक टॉरनैडो होखे तब इनहन में हवा के स्पीड {{convert|300|mph|km/h|sigfig=2}} से बेसी हो सके ले आ ई {{convert|2|mi|km|0|spell=in}} से ढेर डायमीटर वाला हो सके लें, जमीन पर कई दर्जन मील (100&nbsp;किमी से बेसी) दूरी तय क सके लें।<ref name="fastest wind">{{cite web|url=http://cswr.org/dow/DOW.htm|title=Doppler on Wheels |accessdate=2009-12-13 |author=Wurman, Joshua |publisher=Center for Severe Weather Research |date=2008-08-29 |url-status=dead |archiveurl=https://web.archive.org/web/20070205124033/http://www.cswr.org/dow/dow.htm |archivedate=2007-02-05 |df=}}</ref><ref name="widest tornado">{{cite web|url=http://www.crh.noaa.gov/oax/archive/hallam/hallam.php|title=Hallam Nebraska Tornado|accessdate=2009-11-15|work=[[National Weather Service]]| publisher=National Oceanic and Atmospheric Administration|date=2005-10-02}}</ref><ref name="SPC FAQ">{{cite web|url=http://www.spc.ncep.noaa.gov/faq/tornado/|title=The Online Tornado FAQ|accessdate=2006-09-08|author=Roger Edwards|authorlink=Roger Edwards (meteorologist)|date=2006-04-04|work=Storm Prediction Center|publisher=National Oceanic and Atmospheric Administration|url-status=dead|archiveurl=https://web.archive.org/web/20060929185156/http://www.spc.ncep.noaa.gov/faq/tornado/|archivedate=2006-09-29|df=}}</ref>