क्लाइटोरिस: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन Advanced mobile edit
लाइन 14:
| Lymph =
}}
'''क्लाइटोरिस''' ({{Lang-en|Clitoris}}; [[हिंदी]]: ''भगनासा'' चाहे ''भगशेफ'') एगो मादा अंग हवे जे लगभग सारा मैमल (अपना बच्चा के ढूध पियावे वाला जानवर) सभ में आ कुछ अउरी जानवर सभ में पावल जाला। मनुष्यन में ई अंग औरत के गुप्तअंग सभ के हिस्सा होला आ पेशाब के मार्ग के ठीक ऊपर, जहाँ ''लैबिया माइनर'' ([[बुरजञनी]] के अंदरूनी ओठ नियर अंग) जुड़े लें, ओहिजे एगो छोट उभार नियर होखे ला।
 
ई औरत सभ में, नर मनुष्य के [[लाँड़शिशन]] के समकक्ष अंग हवे, हालाँकि ई बहुत बिकसित ना होखे ला आ एह में कौनों ''डिस्टल ओपनिग'' मने के बाहर खुले वाला छेद ना होला। एह अंग के, प्रजनन में कौनों रोल ना होला न एह अंग के जरिये पेशाब निकसे ला; हालाँकि मनुष्य के अलावा कुछ अइसन जानवर जरूर बाने जे एह अंग के इस्तेमाल पेशाब करे आ जननांग के रूप में इस्तमाल करे लें। उदाहरण खाती, चित्तीदार हाइना (लकडबग्घा के एगो प्रजाति) जेकर क्लाइटोरिस भरपूर बिकसित अंग होला, एही के जरिये पेशाब कइल, संभोग कइल आ बच्चा जनले के काम करे ला
 
{{clear}}