जोग झरना: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

भारत के कर्नाटक में शरावती नदी पर एगो झरना
Content deleted Content added
पन्ना बनावल गइल "'''जोग झरना''', जेकरा के '''गेरसोप्पा झरना''' के नाँव से भी..." के साथ
(कौनों अंतर नइखे)

08:37, 3 जनवरी 2021 तक ले भइल बदलाव

जोग झरना, जेकरा के गेरसोप्पा झरना के नाँव से भी जानल जाला, कर्नाटक के शिमोगा जिला में शारावती नदी पर एगो झरना बाटे। झरना के ऊँचाई 253 मीटर (830 फीट) बाटे आ ई मेघालय के नोहकलिकाई आ गोवा के दूधसागर झरना के बाद भारत के तिसरा सभसे ऊँच झरना हवे। पर्यटक आकर्षण के ई प्रमुख केंद्र हवे आ एकरे परसिद्धि के हिसाब से ई दुनिया के 13वाँ सभसे महत्व के पर्यटन आकर्षण वाला झरना के रूप में वल्डवाटरफाल डेटाबेस में दर्ज बाटे।

ई कई धार में बहे वाला झरना हवे हालाँकि, तेज बरखा के सीजन में ई सभ मिल के एक्के हो जालें।

इहाँ पहुँचे खातिर सभसे नगीचे के रेलवे इस्टेशन ताल्गुप्पा (13 किमी) आ सागरा (30 किमी) बाड़ें। सागरा इहाँ के तालुका (तहसील) के मुख्यालय हवे। एह झरना के लगे बिजली पैदा करे खातिर इस्टेशन बनावल गइल बाटे।

संदर्भ